मेघ गर्जन सहित बुध के दिन तक भारी बारखा के उच्च संभावना

 मेघ गर्जन सहित बुध के दिन तक भारी बारखा के उच्च संभावना

काठमाण्डू, १५ भादो ।

जल तथा मौषम विभाग आवेवाला तीन दिन तक मेघ गर्जन सहित बारखा बरसे के पूर्वानुमान कइले बा । सोमार के रात प्रदेश १, प्रदेश २ बागमती, गण्डकी समेत के प्रदेशन के कुछ जगहन पर भारी बारखा आ देश भर हल्का से मध्यम बारखा होखे के पूर्वानुमान जल तथा मौषम बिभाग कईले बा ।

मंगर के दिने देश के अधिकान्स भूभागन मे मेघ गर्जन सहित हल्का से ले के मध्यम आ प्रदेश ५ आ सुदूरपश्चिम बाहेक के प्रदेश मे भारी बारखा होखे के मौषम बिभाग जानकारी करवले बा । ओइसे ही मंगर के रात मे गण्डकी, कर्णाली आ प्रदेश ५ के कुछ जगहन पर भारी बारखा के संभावना के जानकारी विभाग करवले बा ।

विभाग के अनुसार भारत के मध्य प्रदेश के अगलबगल के क्षेत्रन मे रहल न्यून चापीय प्रणाली धीरे धीरे पश्चिम-उतरपश्चिम आवत देखल जा रहल बा ।

बुध के दिन मे गण्डकी, प्रदेश ५, कर्णाली आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के कुछ जगहन आ प्रदेश १, प्रदेश २ आ बागमती के एक दु जगहन पर भारी बारखा के संभावना रहल बा विभाग जनवले बा । बुध के रात मे गण्डकी प्रदेश के एक दु जगहन पर भारी बारखा के संभावना बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *