मेयर सरावगी द्वारा एसईई परिक्षा के अनुगमन साथे परीक्षार्थी लोग के सफलता के शुभकामना व्यक्त

205
वीरगंज, चैत ८
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख (मेयर) विजय कुमार सरावगी द्वारा आजू से सुरु भईल सेकेण्डरी एजुकेशन एक्जाम (एसईई) परिक्षा अनगमन भईल बा ।
मेयर सरावगी द्वारा एसएलसी के रुपान्तरित प्रणाली माध्यमिक शिक्षा परीक्षा अर्थात एसईई के पहिलका दिन वीरगंज महानगरपालिका मे रहल परिक्षा केन्द्र के व्यवस्थापन के बारे मे बियफे के पहिलका दिन के परिक्षा के निरीक्षण कइनि ।
उहाँ द्वारा परिक्षा केन्द्र तक पहुच के परिक्षा केन्द्र अध्यक्ष लोग से परिक्षा व्यवस्थापन के बारे मे जानकारी समेत लेहनी ।
मेयर सरावगी द्वारा त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय, सिद्दार्थ माध्यमिक विद्यालय, जिएचपी माध्यमिक विद्यालय लगयात वीरगंज के अनेकन परिक्षा केन्द्र सब मे अनुगमन भईल रहे ।
उहाँ द्वारा एसईई परिक्षा आउर परिक्षा जैसने सहज रहल बतावत परीक्षार्थी लोग के उत्साहित रुप मे परिक्षा देवे खातिर प्रोत्साहित करत सब केहु के सफलता सहित के शुभकामान समेत देहनी ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here