मेयर सरावगी द्वारा बगही के बाढ पीड़ित परिवार के ९९ नगद हजार सहयोग

66

बीरगंज , २ जेठ ।

बीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी बितल साल भईल बरखा के कारण बगही मे आइल बाढ़ के करते तीन गो परिवार घर बिहीन हो गईल रहे ओहि परिवारन के सरावगी ९९ हजार नगद सहयोग कईले बाड़े ।

बीरगंज महानगरपालिका वाद न. २४ बगही मे बुध के दिने आयोजित जनता-मेयर आमने सामने कार्यक्रम मे मेयर सरावागी तीन गो बाढ़ पीड़ित परिवारन के ग्लोबल सेपर्स हव काठमांडू के सहयोग आ ब्यक्तिगत श्रोत से घर निर्माण खातिर हरेक परिवार के ३३ हजार के दर से नगद रोपया हस्तांतरण कईले ।

नगर प्रमुख सरावगी बगही के सीताराम सहनी, चुन्नी यादव आ रामप्रीत ठाकुर के घर बनावे खातिर ३३ हजार के दर से नगद राशि देहले । प्रत्येक परिवार के ग्लोबल सेपर्स हव काठमांडू द्वारा प्रदान कईल १७ हजार रोपया आ १६ हजार ब्यक्तिगत श्रोत से उपलब्ध करा के मेयर सरावगी हस्तांतरण कईले बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here