मैच टाई, सुपर ओवर टाई माकिर विश्वकप उपाधी इंग्लैंड के खाता में

102

२९ असार, काठमाडौं ।

न्युजिल्याण्ड के सुपर ओभर में भी टाई भईला के बाद पुरा मैच में जादा बांउडरी मारला के कारण आयोजक टिम इंग्ल्याण्ड पहिला  बेर विश्वकप के उपाधि जितल बा ।

अईसन विश्वकप में पहिला बेर भईल बा की कवनो टिम के मैच में जादा बाउंडरी मारला के कारण विश्वविजेता घोषणा कईल गईल ।

विश्वकप के फाइनल मैच में रेगुलर मैच टाई भईला के बाद सुपर ओवर में भी टाई भईला के कारण पुरा पारि में सबसे जादा बांउडरी मारल टिम के विजेता घोषित कईल गईल । इंग्ल्याण्ड टिम न्युजिल्यान्ड से जादा बांउडरी मारले रहे ।

प्रतियोगिता के फाइनल मैच के ‘म्यान अफ द मैच’ इंग्ल्याण्ड के बेन स्ट्रेक्स के मिलल त ‘म्यान अफ दि सिरिज’ न्युजिल्याण्ड के कप्तान केम विलिम्सन के मिलिल ।

ऐसे पहिले फाइनल मैच में टस जित के न्युजिल्याण्ड ८ विकेट के क्षति पर २४१ रन बनईलख ।

२४२ रन के लक्ष्य लेके मैदान प उतरल इंग्ल्याण्ड टिम भी आखरी बल पर मात्र १ रन बनवला से मैच टाइ भईल ।जब की अन्तिम बल पर जित के खातिर २ रन के जरूरत रहे ।

ओने रेगुलर मैच टाई भईला पर मैच के नतिजा सुपर ओवर से लेहल गइल माकिर भाग्य के कुछ अउर सोच रहे । सुपर ओवर में इंग्लैंड १५ रन बनवलस ।

१६ रन के नयां लक्ष्य लेके उतरल न्युजिल्याण्ड आपन सुपर ओवर में भी ठिक १५ रन मारला से सुपर ओवर भी टाई भईल ।

माकिर अईसन स्थिती में आईसिसि के नियम अनुसार इंग्ल्याण्ड टिम के विजेता घोषणा कईल गईल । पुरा मैच में इंग्लैंड २४ गो बाउडरी मरले रहे त न्युजिल्याण्ड मात्र १६ गो मरले रहे ।ओईसही इंग्ल्याण्ड सुपर ओवर में २ गो आ न्युजिल्याण्ड १ गो मात्र बांउडरी मरले रहे ।

इंग्ल्याण्ड टिम विश्वकप के १२ वां संस्करण में जाके विश्वविजेता होखे में सफल भइल बा । ऐसे पहिले इंग्ल्याण्ड सन १९७९, १९८७ आ १९९२ के फाइनल में पराजित भईल रहे ।

न्युजिल्याण्ड लगातार दुसरका बेर फाइनल पुगल रल । ऐकरा बावजुद भी ई बेर के विश्वकप के विजेता ना बने सकल । 

विश्वकप के अगिला संस्करण सन २०२३ में भारत में होई । ओह बेर पहिला बेर विश्वकप पुर्ण रुपसे भारत में आयोजन होई । ऐसे पहिले भारत सहित पाकिस्तान, श्रीलंका आ बंगलादेश के समेट के विश्वकप के आयोजन कइल गइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here