मैथलीनगरी मे होली हंगामा करे खातिर भोजपुरी के सुपरस्टार निरहुआ पहुचले जनकपुर ।

273

फागुन १६, जनकपुरधाम । राजेश अभिराज यादव

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ सहित के टोली प्रदेश २ के राजधानी जनकपुर मे आईल बा लोग ।

मैथली नगरी जनकपुर मे बिहाने होखे जारहल ‘जनकपुर होली हंगामा’ नामक सांस्कृतिक कार्यक्रम खातिर निरहुआ सहित के कलाकार लोगन के टोली जनकपुर आईल बा लोग । आयोजक यसराज इन्टरनेशनल प्राइभेट लिमिटेड द्वारा कईल पत्रकार सम्मेलन मे भोजपुरी मे बोलत अभिनेता निरहुआ उक्त सांस्कृतिक कार्यक्रम के सभ्य आ मर्यादित बनावेके प्रतिबद्धता जनाइले । पत्रकार सम्मेलन मे निरहुआ संघे आईल अभिनेत्री आम्रपाली दुवे जनकपुरबासी के स्नेह आ दुलार के कारण ही आपन जनकपुर आईल बतवनि । सांस्कृतिक कार्यक्रम मे अन्य कलाकार लोग मे भोजपुरी के हॉट आदाकारा सीमा सिंह, रोशन श्रीवास्तव, सन्तोष राज, सेलिना कुँबर सहित के टोली जनकपुर आईल बा लोग ।

बिहान दिन के १ बजे से सुरू होखे जारहल कार्यक्रम मे जनकपुरवासी संघे होली खेले लाए पूरा तयारी कर के आईल बानी सन क़हत नीरहुआ कहले की भोजपुरी फिलिम अब बहोत आगे बढ़ चुकल बा । एगो प्रश्न के जवाब देत ऊहा के कहनी की भोजपुरी सिनेमा मे अश्लील बनावेवाला लोग अब सिनेमा से बहोत दूर चल गइल बा लोग । अब के भोजपुरी सिनामा रउआ आपन परिवार के साथे बैठ के देख सकेनी क़हत ऊहा के सीता मैया के धरती पर पाव रखेके मौका देहला खातिर जनकपुरवासी के फेर से धन्यवाद देत आगे के फिलिम के सुटिंग अब जनकपुर से करे के प्रतिवद्धता जाहेर कईनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here