मोना कंस्ट्रक्सन प्रा. लि. के कर्मचारी बिदेशी सवारी से दूरब्यावहार करत नियम से बहूती कर वसूली

    298

    वीरगंज, २० आसार ।

    वीरगंज महानगरपालिका नगर कार्यालय पर्सा वीरगंज महानगरपालिका के आर्थिक एन २०७५ के दफा ८ के अनुसूची (६) अनुसार देहल बिदेशी पटके सवारी साधन ब्यावस्थपन कर के ठेक्का ठेकेदार मोना कंस्ट्रक्सन प्रा. लि. लेहले बा । मोना कंस्ट्रक्सन प्रा. लि. वीरगंज महानगरपालिका के नियम के लतियावत दादागिरी के साथ बिना परिचयपत्र के आदमी राख़ के जबरदस्ती मनमानी वसूली कर रहल देखल गईल ।

    वीरगंज महानगरपालिका के ठेक्का हिसाब से विदेशी सवारी साधन जइसे कार, जीप, ट्यक्सी, ईरिक्सा, मिनीबस, मिनीट्रक, निजीकार, टेम्पो, ट्र्यक्टर या माइक्रोबस शहर मे प्रवेश कईला पर भ्याट सहित अक्षरेपी नेपाली रोपेया ११३ नगद ले के कर बीजक रसीद देवे के नियम बा माकिर वीरगंज नगरपालिका के नियम के लतियावत मोना कंस्ट्रक्सन ११५ रोपेया वसूली कर रहल बा ।

    मोना कंस्ट्रक्सन प्रा. लि. पैसा कर लेवे खातिर भन्सार सर पहिले एगो झोपड़ी मे आपन कार्यलय आ आपन कर्मचारी भी रखले बा माकिर कोई के लगे मोना कंस्ट्रक्सन के परिचयपत्र नईखे । एगो भारतीय गाड़ी ड्राइभार ओरहन सुनावत कहले नियमाअनुसार रु ११३ लेवे के ह माकिर खुद्रा ना भइला से लोग रु११५ देवेला पर मोना कंस्ट्रक्सन के कर्मचारी लोग खुद्रा नईखे क़हत बाकी पैसा वापिस ना करे लोग आ दोबारा मंगला पर दादागिरी देखावत नईखे ना देहम आ लेवे के बा त गाड़ी साइड कर जा के खुद्रा ले के आव ओकर बाद गाड़ी ले के जो कहे लोग ।

    मोना कंस्ट्रक्सन प्रा. लि. के कर्मचारी लोग बहुते भारतीय गाड़ी के ड्राइभार लोग के कर वसूले के जगह जा वापस अईह त पैसा दे दिह क़हत भेज देवेला लोग आ वापिस आवला पर काबों ५० रोपेया आ कबो १०० रोपेया ले लेवेला लोग आ रसीद भी ना देवे लोग । एगो भारतीय गाड़ी के ड्राईभर से मोना कंस्ट्रक्सन के कर्मचारी पैसा भी ले लेहले आ रसीद भी ना देले आ ऊपर से बहूती बोल्ब त मरबो करेम क़हत मारा पिटी पर आगईले । अपन नाम अभिनाश पटेल आ घर इनरवा बतावेवाला मोना कंस्ट्रक्सन के कर्मचारी दूरब्याहार करत दादागिरी देखावत जहा फरियावे के बा फरिया लेहेम आ जादा बोल्ब त पिटईब धम्की दहले । दु दिन पहिले गाड़ी तोर आइल रहे क़हत जबर्दस्ती धमका के रु.११५ कर वापत त वसूल माकिर ओकर रसीद ना देहले ।

    ABHINASH PATEL EMPLOYEE OF MONA CONSTRUCTION
    ABHINASH PATEL EMPLOYEE OF MONA CONSTRUCTION, ADDRESS- INARWA BIRGUNJ MAHANAGARPALIKA

    नियमानुसार कर तासीले खातिर ठेक्का देहल मोना कंस्ट्रसन के कर्मचारी द्वारा दादागिरी के साथ वसूली हो रहल प्रति महानगरपालिका के ध्यानकर्षण भइल जरूरी बा । महानगरपालिका वीरगंज के बिकास आ पर्यटकीय आकर्षण खातिर ज़ोरसोर से लागल बा उहे मोना कंस्ट्रक्सन के कर्मचारी लोग के विदेशी गाड़ी आ बिदेशी आदमी प्रति के यी रवैया से कोई भी बिदेशी बिरगंज आवे से पहिले केतना बेर सोची ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here