मौसम मे अचानक आईल बदलाव से देश भर शनिचर ले ठंडी बढ़ी – मौसमबिद्द

    459

    काठमाण्डू, २६ अगहन ।

    मौसमबिद्द लोग के कहनाम से बुध के रात से ही मौसम परिवर्तन भइला से देश के हिमाली भाग मे बरफ गिरे के शुरू भईल बा एही से देश भर आजू से ठंडी बढ़े के शुरू भईल बा । बुध के संझिया नेपाल के पश्चिम भाग से न्यून चापिया प्रणाली के प्रवेश संघही हिमाली भागन मे बरफ गिरला के साथे ही दोसार जगहन के तापक्रम मे गिरावट आइल बा ।

    हुमला समेत कर्णाली के उपरला हिमाली भाग मे बियफे के सबेरे ६ बजे से ही बरफ गिर रहल बा । बरफ गिरला के चलते ऊहा के दैनिक जन जीवन प्रभावित भइला के संघही हावाई सेवा भी बन्द कईल गईल बा ।

    मौसम मे अचानक आईल बदलाव से तराई के जन जीवन भी प्रभावित भईल बा । तराई ओरिया भी केतना जगहन पर हावाई सेवा प्रभावीत भईल बा ।  अंतराष्ट्रीय नियमानुसार ३ हजार मीटर से कम भिजिबिलिटी पर हवाई सेवा के उड़ान ना करावे के नियम बा माकिर काठमाण्डू के भिजीबिलिटी ४ हजार मीटर भइला से काठमाण्डू के हवाई सेवा नईखे बन्द कईल गईल ।

    मौसम मे बिकास भईल नया प्रणाली शनिवार तक लगातार जारी रही मौसम बिद्द लोग के अनुमान बा । मौसम पूर्वानुमान विभाग के मौसमबिद्द के माने त यी बीच मे देश के बहुते भूभागन के तापक्रम मे गिरावट आईला के साथे ठंडी बढ़ी । मौसमबिद्द लोग के हिसाब से शनिचर के बाद ही मौसम मे सुधार आ सकता । अनलाइनखबर

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here