युवराज के अपहरण आ हत्या मे सामील रहल प्रहरी जवान यादव ऊपर जाहेरी, यादव प्रहरी सम्पर्क से बाहर

301

अमित ठाकुर रौतहट, २ आसार ।

आपन बीरगंज अनलाईन पोर्टल लगातार दे रहल रौतहट अपहरण आ हत्या काण्ड के समाचार मे अब एगो नया मोड लेहले बा । बितल शनिचर के दिने कटहरिया नगरपालिका वाड नम्बर ९ डुमरिया के स्वास्थ्यकर्मी दिलीप साह के १२ साल के बेटा युवराज साह के अपहरण के बाद गोली मार के हत्या मे सामील रहल पीड़ित परिवार द्वारा आरोपित एगो प्रहरी जवान अभी फरार भईल बाड़े ।

लईका के अपहरण बाद हत्या जईसन घटना के मुख्य योजनाकार रहल कटहरिया नगरपालिका वाड नम्बर ९ के वाड अध्यक्ष रामाज्ञा यादव के भाई प्रहरी जवान होश नारायण यादव के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे हाजिर होखे खातिर पत्राचार कईला के बाद प्रहरी जवान यादव भागल बाड़े ।

स्वस्थ्यकर्मी दिलीप साह के बेटा युवराज के अपहरण आ हत्या काण्ड मे सामील रहल यादव जेठ आ छोट खासे भाई सहित १६ जने पर मंगर के दिने इलाका प्रहरी कार्यालय गरुड़ा मे पीड़ित दिलीप साह किटानी जाहेरी दर्ता करवले रहले ।

प्रहरी जवान यादव बारा जिल्ला के मुसहरवा प्रहरी चौकी मे दरबंदी बाड़े । प्रहरी जवान यादव के ३ दिन पहिले हाजिर होखे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय से चिट्ठी भेजल गईल रहे माकिर प्रहरी जवान अभिन तकले हाजिर ना होके सम्पर्क से बाहर बाड़े ।

बारा जिल्ला के डी एस पी रंजीत राठौर चिट्ठी मिलला के दोसरका दिन ही प्रहरी जवान होश नारायण यादव के रवाना दे के भेज देहले ।  दु दिन बितला के बाद भी प्रहरी जवान यादव अभी तक ना रौतहट प्रहरी ना बारा प्रहरी के सम्पर्क मे बाड़े ओहि से उनका के खोजे ला प्रहरी भी खटावल गईल बा जानकारी मिलल ।

अपहरणकरी एक करोड़ फिरौती मंगले रहे आ पैसा ना मिलला के चलते ही लईका युवराज के कनपट्टी पर गोली मार के हत्या कईले रहे सब प्रहरी जानकारी करवलख । प्रहरी एकरा से पहिले मोबाईल सेट, २ सेट सिम कार्ड, हत्या करे खातिर प्रयोग भईल हथियार एक थान थ्रीनटथ्री गोली सहित १२ जना दोषी के अभी तकले अपना नियन्त्रण मे लेहले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here