युवा नेता सर्राफ द्वारा गरीब असहायनके सामाजिक दूरी कायम करत राहत बितरण

220

वीरगंज, ०७ जेठ ।

कोरोना संक्रमण नियन्त्रण खातिर देश भरमे सरकार द्वारा लागू भईल लकडाउन से प्रभावित वीरगंजके गरीब असहायनके युवा नेता आ सामाजिक अभियन्ता ओम प्रकाश सर्राफ सामाजिक दूरी कायम करत राहत बटले बाड़े ।

नेता सर्राफ गरीब आ असहाय परिवारनके घर घरमे चहुपके ब्यक्तिगत खर्चामे लकडाउन से प्रभावित गरीबनके राहत बितरण करत आइल बाड़े । सर्राफके अभियान मे किशन सर्राफ, संजय पटेल, रंजीत पटेल, बीबेक श्रीवास्तव समेतके युवा लोग सहयोग करत आइल बा लोग ।

 नेता सर्राफ करीबन दु दर्जन गरीब मज़दूरनके दुवारी प चहुपके प्रति परिवार आठ किलो चाउर, दाल समेतके राहत सामाग्री बटले बाड़े । लगातार सामाजिक कार्यमे सक्रिय भूमिका निर्वाह कर रहल नेता सर्राफ लकडाउनके शुरुवाती दिन से ही जन चेतना मूलक कार्यक्रम करत अनेकन प्रभावित क्षेत्रनमे राहत बितरण करत आइल बाड़े । अभी तक सात हजार मास्क, साबुन आ अनेकन खदान सामाग्री अनेकों संस्थाके सहयोगमे आ निजी व्यवस्थापनमे करीब चार सय परिवारनके राहत बितरण कर चुकल बाडे आपनवीरगंज से बात करत सर्राफ़ जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here