युवा लक्षित कार्यक्रम के तहत बाल विवाह बिषय उपर बारा मे बकतृत्वकला प्रतियोगिता

129

बारा, १३ जेठ।

बारा जिल्ला के श्री राम चरित्र उच्च माध्यमिक बिधालय चिउटाहा मे आजू बृहत बकतृत्वकला प्रतियोगिता भईल बा । बिधालय मे बाल विवाह के मुख्य बिषय बस्तु पर बकतृत्वकला प्रतियोगिता के आयोजना कईल गईल ।

शान्ति के खातिर साझा अभियान खातिर क्याप के सहयोग आ न्यू योङ्ग स्टार क्लब बारा के आयोजना मे सामाजिक परिवर्तन खातिर युवा के लक्षित कर के कार्यक्र्म के आयोजना भईल रहे । समाज मे उत्पन्न हो रहल आ चाहे पुरनिया से चलल आ रहल सामाजिक बिकृति के अंत करे मे युवा समाज के योगदान के आवश्यकता देखावत युवा लोग के जागरूक करे खातिर भईल बाल विवाह बिषयक बकतृत्वकला प्रतियोगिता मे बिधालय के ६० जने बिधार्थी लोग के सहभागिता रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here