The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

युवा संघ के रक्तदान कार्यक्रम मे ३ महिला सहित ११३ जने कईले रक्त दान

वीरगंज, १३ आषाढ .

मदन भण्डारी के ६१ वा जन्मोत्सव के अवसर पर राष्ट्रीय युवा संघ नेपाल पर्सा द्वारा शनिचर के दिने बृहत रक्तदान कार्यक्रम के आयोजना पूरा भइल । वीरगंज के घण्टाघर के नियरा रहल बीपी उधान पार्क मे भइल कार्यक्रम मे ३ महिला समेत एक सय १३ जने रक्तदान कईले लोग । राष्ट्रीय युवा संघ नेपाल के केन्द्रीय सदस्य अरुण यादव रक्तदान कर के कार्यक्रम के शुभारंभ कईले रहले ।

उ कार्यक्रम मे दुर्गा  पौडेल, निर्जला पौडेल, पूजा वस्नेत, हेमन्त तामाङ, बृजलाल पासवान, तिवारी यादव, राहुल केशरी, शिवशंकर यादव, भूपेन्द्र साह, राजकिशोर गुप्ता, असगर अली, अली हुसेन, बाबुराम खनाल, शक्ति सर्राफ, रवि गुप्ता, सचिन यादव, विवेक यादव, सुलभ राणा, भैयाराम पटेल समेत के युवा लोग रक्त दान कईले लोग ।

राष्ट्रीय युवा संघ पर्सा के संयोजक मोहम्मद नेजामुदिन के अध्यक्षता आ नेकपा पर्सा के संयोजक प्रभु हाजरा के प्रमुख आतिथ्य मे भइल रक्तदान कार्यक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य दिनेश राई, प्रदेश सदस्य बालगोपाल थापा, छोटेलाल यादव, किशोरी कुशवाहा, रामबाबू बैठा, बाबुराम कौशिक, संविधानसभा सदस्य राजकुमार गुप्ता, नंदकिशोर पंजियार, राघव साह, नेता नवराज शर्मा, बलराम साह, अरविन्द सिंह, शिवजी गुप्ता, प्रभाकर गुप्ता, नेपाल पत्रकारमहासंघ प्रदेश २ के उपाध्यक्ष केसी लामिच्छाने, पर्सा अध्यक्ष श्याम बंजारा, प्रेस संगठन पर्सा के संयोजक नीरज पीठाकोठे मगर समेत के युवा संघ के नेता, कार्यकर्ता आ पार्टी के नेता लोग के सहभागिता रहे ।

कार्यक्रम के संचालन संघ के सह संयोजक ओमप्रकाश गुप्ता कईले रहले आ कार्यक्रम के सहजीकरण मे पिन्टु रौनियार भूमिका खेलले रहले ।

प्रतिकृया
Loading...