रक्सौल के रेल से कटाइल अवस्था में पर्सा के दु गो लड़की के शव मिलल

2927

वीरगंज, माघ २७

सीमावर्ती सहर रक्सौल के रक्सौल-सुगौली रेलवेखंड के कनना ढाला के लगे दु गो लड़की के लास मिलल बा । दुनु लड़की के रेल से कटाइल अवस्था मे लास मिलल आपन वीरगंज के स्थानीय संवाददाता मनोज कुमार गुप्ता जानकारी देहले बाड़न ।

मृत लड़की में से एक जने के साथ से मिलल परिचय पत्र से एक जने लड़की के नाम निभा कुमारी साह रहल बात खुलल बा । परिचय पत्र पर लिखल फोन नंबर पर आपन वीरगंज द्वारा सम्पर्क कईला पर मृत निभा के बाबूजी राजेश्वर साह दुनु लड़की स्थाई रूप से कलिकामाइ गांवपालिका के रहल आ वीरगंज के बीपीसी कॉलेज के कक्षा ११ के पढ़ रहल बात बतवले बानी । मृत्यु भइल निभा कालिकामाई गावपालिका के वार्ड नंबर २ भेड़िहारी के रहल बाड़ी त दोसर लड़की हरिकिशोर के बेटि किरण चौरसिया रहल आ स्थाई रूप से उहे गांवपालिका वार्ड न. 3 हरिहरपुर के रहल बात साह बतवले बानी ।

अभिए ई घाटना बारे जानकारी भइल बतावत साह कहले की दुनु लड़की वीरगंज के बीपीसी में पढ़त रहले आ काल्हुऐ निभा के ट्युशन के पैसा देके भेजल बात बतवले । सूचना प्राप्त होते मातर साह घटनास्थल तर पहुचे के तैयारी में रहल बतावत घटना से पूरा परिवार सदमा में रहल आ घटना के कारण पता ना भईल बात बतवले ।

ओने ई घटना के लेके पर्सा प्रहरी भा रक्सौल पुलिश के पास अभिन जानकारी ना रहला से घटना के पुष्टि नईखे होखे सकल । घटना के बारे में विस्तृत विवरण आवे के बाकी बा ।

ई घटना पर औपडेट पढ़ी ईहा – रेल से कटके आत्महत्या कईल नेपाली लड़कियन के केस के अपडेट १

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here