रक्सौल मे निकलल एगो अइसन बरात की लोग देखते रह गईले

3472

रक्सौल, भारत । 8 मार्च ।

जहाँ समाज मे एक ओर आधुनिकता के नाम पर आपना के एक से बढ़ के एक देखावे के चक्कर मे गाड़ी के संख्या सैकड़न मे राखत पूरा ताम-झाम के साथ बरात निकाले के होड बाजी चलरहल बा उहवे काल्हू एगो अइसन बारात निकलल जेकरा के लोग सिर्फ देखत ना बालुक सराहना करे से अपना-आप के रोक ना सकल । बात रक्सौल के हवे जहाँ कीमती गाड़ी के जगह बैलगाड़ी के मे सज-धज के बरात निकलल ।

प्रदूषण से जनजीवन पर पड़ रहल कुप्रभाव के लेकर चिंतित रियल इस्टेट के कारोबारी दूल्हा राजा अनिल सजना आपन बरात बैलगाड़ी पर सवार होके बरात निकलले रहस ।

प्रदूषण के खिलाफ एगो नजीर पेस करत कौड़िहार भगवानपुर के राम नाथ आपन बेटा के शादी मे पूरा बरात बैलगाड़ी पर निकलले रहस। बरात अइसन सज-धज के निकलल रहे की लोग बस देखते रह गईले । ई बरात के खास बात ई रहल की एमे हरेक बराती लोग खातिर बैलगाड़ी के ही प्रयोग भइल रहे ।

रक्सौल सहर से सटले कौड़िहार भगवानपुर से साह के पुत्र अनिल सजना के शादी खेखरिया गाँव निवासी गणेश साह के पुत्री दीपमाला कुमारी के साथ भइल रहे । दुनु गाँव के बीच लगभग चार किलोमीटर के दूरी बा । बरात मे करीब ढाई सौ लोग शामिल भइल रहे लोग ।

ई शादी के खास बात ई रहे की ई शादी खातिर आधुनिक गाड़ी से परहेज कईल गइल रहे । बरात खातिर बैल से लेके बैलगाड़ी के रंगीन कपड़ा से सजावल गइल रहे । पचास बैलगाड़ी मे निकलल बरात से एक साथ एक कतार मे रोड पर चलल रहे । शुरू मे त लोग एकरा के एगो साधारण रूप से लेहले रहे बाक़िर जब ई बरात के पीछे के मकसद जानल लोग तब सब कोई एकर सराहना करे से अपना आप के रोक ना सकल लोग ।

दूल्हे राजा अउरी रियल इस्टेट कारोबारी अनिल सजना बतइनी की उ प्रदूषण से होखेवाला कुप्रभाव के लेके बेहद चिंतित बाड़े । उ ई प्रयास से हमेसा जुडल रहेले की वातावरण के दूषित होखे से कवनों तरीका से बचावल जाव ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here