रवि लामिछाने के अउर ५ दिन हिरासत में राखेके आदेश

    126

    आस,भादो ३

    संचारकर्मी रवि लामिछाने के उपर खोजबीन के खातिर चितवन जिल्ला अदालत ५ दिन के म्याद बढवले बा ।

    जिल्ला न्यायधीश गायत्री प्रसाद रेग्मी के एकल इजलास आजु लामिछाने सहित तीन जने के हिरासत में राख के अनुसन्धान करेके आदेश देहले बा ।

    पाँच दिन हिरासत में राखके पुछताछ कईलाबाद पुलीस रवि सहित तीन जने के दोसर का म्याद बढावे खातिर अदालत में उपस्थित करवले रहे ।

    वादी के ओरीया से जिल्ला न्यायधिवक्ता यदु शर्मा वहस कईले बाडन । प्रतिवादी के ओर से अधिबक्ता सभन सुनिल पोखरेल, सुसिल पन्त आ चुडामणी सापकोटा बहस कईलन ।

    आरोपी तीन जने के सबेरे १० बजे अदालत लेगईल गइल रहे । लामिछाने सहित रुकु कार्की (अस्मिता) आ युवराज कँडेल विरोद्ध शालिकराम पुडासैनी आत्महत्या दुरुसाहन मुद्दा में अनुसन्धान होरहल बा ।

    शुक के चितवन जिल्ला अदालत रवि सहित तीनु जने के पाँच दिन जेल में राख के अनुसन्धान करेला आदेश देहले रहे ।

    रवि आ युवराज के पुलीस बियफे के साँझ में न्युज २४ च्यानल के कार्जालय पानी पोखरी से पकडले रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here