फोरम देखली राजपा देखली , देखली संघिय रंगरूप

चपल धारी साहेब बनले , बोलत झूठ के उपर झूठ

…… जोगीरा सा रा रा रा

कौन नेतवा मोटर चढ़े, आ कौन नेतवा कार

कौन नेतवा सर खुजावे, नाम केकर सरकार

…… जोगीरा सा रा रा रा

संघीय नेतवा मोटर चढ़े, आ राजपाई चढ़े कार

कांग्रेसिया भईया सर खुजावे, “बामी” के सरकार

…… जोगीरा सा रा रा रा

बीरगंज के अर्थ अब ब्यर्थ हो गईल, राजधानी भईल धाम

आन्दोलन/बिरोध के झंडा लेके, अब चाट साँझ बिहान

…… जोगीरा सा रा रा रा

कवन शहर में आन्दोलन होई, कवन बनी राजधानी

केकरा ऊपर डांटा बरसी, के कटिहे चानी

…… जोगीरा सा रा रा रा

बीरगंज शहर में आन्दोलन होई, जनकपूरी राजधानी

जनता ऊपर डांटा बरसी, नेता कटिहे चानी………..

…… जोगीरा सा रा रा रा

ओली बनले प्रधानमंत्री, अब प्रचण्ड बनिहे पाछा

भईल मधेस फेरु उल्टा पल्टी, कांग्रेसिया खोल पछौटा नाचा

…… जोगीरा सा रा रा रा

ओली चलावलन गोली गाठा, मोदी चलावलन बट्टा

उपेन्द्र, राजेन्द्र मिल के खेलले, राजनीति के सट्टा

…… जोगीरा सा रा रा रा

विज्ञापन

मरल मधेसिया मरले रहल, राजपा हो गईल हठा काट्ठा

उपेन्द्र पररास्ट्री बेमार भाईले, नब्ज देखे उल्लू के पाट्ठा

…… जोगीरा सा रा रा रा

काहा उड़ल पानी जाहाज, आ काहा गईल उ रेल

कवन पाइप से हावा निकली, कवन पाइप से गैस आ तेल

…… जोगीरा सा रा रा रा

आकाश में उडल पानी जहाज, आ तेल लेवे गईल रेल

पिछवाडा से हावा निकली, होई भोट के ठेलम ठेल

…… जोगीरा सा रा रा रा

केकरा खातिर पान बनल बा केकरा खातिर बांस

केकरा खातिर पूरी पूवा, केकर सत्यानास

…… जोगीरा सा रा रा रा

नेतवन खातिर पान बनल बा, जनता खातिर बांस

अफसर खातिर पुड़ी पूवा, सिस्टम सत्यानास

…… जोगीरा सा रा रा रा

आपन बीरगंज मीडिया ग्रुप प्रा. लि. द्वारा माहान पर्व होली के सभे कोई के बहुत बहुत शुभकामाना !

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here