The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

राजपा पर्सा के विवाद ना सल्टल, पहिले मारपीट आ अब एकता दिवस भी अलग अलग मानवल गईल

वीरगंज, ७ वैशाख
राजपा पर्सा के विवाद अभिनों सल्टल नईखे । शुकके मनावल गईल पहिलका एकता दिवस भी दु गो स्थान पर सझिया के अलग अलग दुट द्वारा अलग अलग तरिका से मनावल गईल ।

एकता दिवस ऐक होके मनाएके के अभिप्राय से बितल मंगरके वीरगंज के होटल मकालू मे भइल बैठक मे अध्यक्षमण्डल के संयोजक प्रेमबाबू पटेल आ दोसर सदस्य एवं सद्भावना पार्टी के वरिष्ठ उपाध्यक्ष जगदीश पटेलबीच भईल मारपीट के विवाद सल्टे ना सकला के चलते राजपा पर्सा द्वारा पहिलका स्थापना दिवस दु जगह मनावल गईल । एक समूह द्वारा आदर्शनगर स्थित पार्टी कार्यालय मे एकता दिवस मनईलख त दोसर समूह पोखरिया मे मनईले रहे ।

वीरगंज मे एकता दिवस के अवसर पर आयोजित चियापान समारोह मे राजपा के केंद्रीय महासचिव शिव पटेल द्वारा पार्टी के गुटबन्दी के शिकार ना बनाके आउर एकताबद्ध होखे के आह्वान कईनी ।

ओईसही चियापान कार्यक्रम के सम्बोधन करत पार्टी के केन्द्रिय महासचिव राजेशमान सिंह द्वारा स्थापना दिवस के शुभकामना व्यक्त करत जनता के भावना मुताबिक पार्टी के एकता ही पार्टी के सुन्दरता आ सबसे बड़का धन रहल बतवनी। ओइसही कार्यक्रम मे प्रदेशसभा सदस्य रमेश पटेल द्वारा भी विभाजित होखला से अच्छा संदेश ना जाई क़हत एकताबद्ध होके आगे बढ़े पर जोड़ देहनी ।

प्रेमबाबू पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्यक्रम मे एकता दिवस के अवसर पर तीन जने शहीद परिवार के सदस्य लोग के दोसल्ला ओढ़ाके सम्मान कईल गईल रहे । सम्मान कईल लोग मे शहिद सत्रुघन पटेल के माई, पाकाहमैनपुर गाँवपालिका के उपाध्यक्ष कुश्मी देवी, शहिद दिनानाथ साह गोढ मे श्रीमती सोनी देवी, शहिद सोहन साह कलवार के श्रीमती विनिता देवी रहे लोग ।

कार्यक्रम मे नेपाली काङ्ग्रेस के केन्द्रीय सदस्य अजय चौरसिया, रामरूप कुर्मी, एमाले के चिरञ्जीवी आचार्य, प्रभु हजरा, बालगोपाल थापा, माओवादी के उर्मिला अर्याल, फोरम नेपाल के प्रदेशसभा सदस्य प्रह्लाद गिरी, करिमा बेगम लगायत के उपस्थिति रहे ।

ओने पोखरिया मे जगदीश पटेल के अध्यक्षता अउरी सांसद लक्ष्मणलाल कर्ण के प्रमुख आतिथ्य मे पहिलका वार्षिकोत्सव मनावल गईल रहे ।

प्रतिकृया
Loading...