राजपा से बिद्रोह कर के गईल ठाकुर के राजपा मे पुन: वापसी

216

सप्तरी राजबिराज , १८  कुवार । बद्रि नाथ झा ।

राष्ट्रिय जनता पार्टी से बिद्रोह कर के स्वतन्त्र उमेदवारी देहले पार्टी के तत्कालीन सह – महासचिव जय प्रकाश ठाकुर फेर राजपा मे वापस आगईल बाड़े ।

निर्वाचन मे बिद्रोही बनल हर कार्यकर्ता के करवाही करे के निर्णय पार्टी फिर्ता लेहला के बाद ठाकुर खुदे संपर्क कर के पार्टी मे वापस आइले राजपा के अध्यक्ष मण्डल के सदस्य राजेन्द्र महतो बतवले ।

मधेसी जनता के भावना के हिसाब से गठबंधन बनावत समय सप्तरी – २ संघीय समाजवादी फोर्म नेपाल के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के भाग मे परल रहे, महतो कहले’ उ निर्णय से अपने अन्याय मे परल महसूस कर के उ स्वतन्त्र उम्मेदवारी देहले रहले पर अब फेर वापस अपन घर आगईल बाड़े ।

राजपा द्वारा बुध के दिने राजबिराज मे आयोजित कईल पत्रकार सम्मेलन मे महतो आ ठाकुर संघे रहे लोग माकिर ठाकुर आपना तरफ से कौनो किसिम के प्रतिक्रिया ना देहले ।

ठाकुर के पदीय भार का होई एकरा बिषय पर कौनो बात ना खुलल । राजपा के सप्तरी जिल्ला अध्यक्ष सुनील झा पार्टी सर्कुलर कईला के बाद ही जानकारी मिली बतवले । सह अध्यक्ष के पद त पक्का बा माकिर ओकरा से भी ऊपर के जिम्मेवारी देहल जा सकता उ कहले अभी बोलल तनि जल्दीबाजी हो जाई ।

बीतल अगहन मे सम्पन्न प्रतिनिधि सभा के निर्वाचन मे सप्तरी के संसदीय क्षेत्र नम्बर २ से टिकट ना मिलला के बाद ठाकुर राजपा छोडले रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here