रामनवमी के शुभ अवसर पर हिन्दू युवा परिषद निकलले शोभा यात्रा

101
जनकपुरधाम : रामनवमी के शुभ अवसर पर जनकपुर मे निकलल शोभा यात्रा

राजेश अभीराज यादव

जनकपुरधाम, ११ चईत

रामनवमी के शुभ अवसर पर जनकपुर धाम मे हिन्दू युवा परिषद के युवा लोग धार्मिक नगरी आ प्रदेश न. २ के राजधानी जनकपुर मे बहुते धूम धाम से शोभा यात्रा निकालले लोग । नेपाल के हिन्दू धर्मावलम्बी आ राजा दशरथ के नगरी जनकपुर मे रामनवमी के शुभ अवसर पर निकालल शोभा यात्रा के अगुवाई मनीष पुर्बे कईले ।

यी शुभ अवसर पर हिन्दू युवा परिषद जनकपुर के जिल्ला कार्य समिति द्वारा जनकपुर के ब्याहूत कलवार कुटी से निकलल शोभा यात्रा नमस्कार चौक, पेठिया बाजार, रमानन्द चौक, जानकी चौक, जनक चौक, सोना पट्टी होते हुवे नगर के अनेकन भाग के घुमत कोण सभा मे परिणित भईल रहे ।

यी कार्यक्रम मे समाज के अगुवा बैजनाथ साह, पत्रकार किरण कर्ण, राजपा के युवा अध्यक्ष राजेश सिंह राणा सहित तीन जने के सम्मान भी कईल गईल ।

जनकपुर धाम : शोभा यात्रा कार्यक्रम मे सम्मानित होखत समाज के अगुवा बैजनाथ साह, पत्रकार किरण कर्ण, राजपा के युवा अध्यक्ष राजेश सिंह राणा
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here