रिलीफ सोसाइटी द्वारा निःशुल्क २४१ जने के स्वास्थ्य परीक्षण आ ८६ जनेके शल्यक्रिया सम्पन्न

85
वीरगंज ९ चैत

रिलीफ सोसाइटी अफ कमर्स वीरगंज, इम्पेक्ट नेपाल आ त्रि. बी.शिक्षण अस्पताल काठमांडू के संयुक्त आयोजना मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर सम्पन्न भईल बा।

रिलीफ सोसाइटी के भवन मे भईल शिबिर मे २४१ जनेके कान के परीक्षण आ ८६ जनेके शल्यक्रिया भईल रहे। इएनटी सर्जन प्रा.डा. बिमल कुमार सिन्हा के संयोजकत्व आ गण्डक होस्पिटल बहुवरी वीरगंज के सहयोग मे सम्पन्न स्वस्थ्य शिबिर मे ८६ जनेके शल्यक्रिया गण्डक होस्पिटल मे आ कान के परीक्षण रिलीफ सोसाइटी के भवन मे भईल रहे।

सोसाइटी द्वारा पिछला १५ बर्ष से उक्त सेवा देवत आरहल संस्था के अध्यक्ष अशोक कुमार लाठ बतवनी। शिबिर २०७४ चैत ५ गते से शुरू भईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here