रेल से कटके आत्महत्या कईल नेपाली लड़कियन के केस के अपडेट १

    2903

    वीरगंज, माघ २७ ।

    सीमावर्ती शहर रक्सौल से चलेवाला रेलवे के सुगौली-रक्सौल रेलवेखण्ड के कनना फाटक से करीब १ किलोमिटर के दूरी प नेपाल के पर्सा जिल्ला के दु गो लड़की के मृत्यु भइल केस प नयाँ मोड आइल बा । रेलवे लीक पर सूत के जान देहल गइल बात घटना स्थल के आसपास खेत में काम कर रहल स्थानीय लोग बतवले बा ।

    आपन वीरगंज के स्थानीय संवाददाता मनोज कुमार गुप्ता से बात करत स्थानीय गाँव के लोग कहले की दुनु लड़की एक साथ रेल के लीक के बीच में चलत रहले आ रेल आवे से पहिले एगो लड़की लीक पर सूत गईली आ दोसर लड़की ओकरा के बचावे के प्रयास में रेल से कटा के मर गईली । स्थानीय के मुताबिक उज्जर जीन्स पहिरल लड़की पहिले लीक पर सुतल रहली आ दोसर लड़की बचवात रहली, इहे चक्कर में दोस्त के बचावत बेर दोसर दोस्त के भी जान गइल रहस्य खुलल बा ।

    घटना ऐतवार के सबेरे भारतीय समय ८:३० बजे भइल स्थानीय के हवाला देत रक्सौल पुलिश कहले बिया की घटना रक्सौल से दिल्ली जाएवाली १५२७३ नंबर के सत्याग्रह एक्सप्रेस जब कनना ढाला पार करत रहे तब ई दुनु लड़की रेल से किचा के आत्महत्या कर लेहले ।

    रक्सौल पुलिस निरीक्षक सह-थानाध्यक्ष अजय कुमार बतइले कि दुनु लड़की के हादसा भइला बाद सत्याग्रह रेल रुकल आ ओकर बाद ही फेर से आगा बढ़ल। दुनु लड़की रेल्वे लीक पर पैदल चल रहल देख आसपास के खेतन में काम कर रहल लोग देखत रहेले तले रेल आइल आ दुनु के किच देहलस, एसे पहिले की लोग चिचिया के लड़कीयन के आगाह करवते तले घटना घट गइल ।

    घटना के सूचना मिलते राजकिय रेल पुलिस रक्सौल आ रक्सौल टाउन थाना के पुलिस घटनास्थल प चहुप के मामला के छानबीन शुरू कईले रहे । घटनास्थल से पुलिस के लड़कियन के शव के साथ-साथ टूटल मोबाइल फोन, कॉलेज के आइडी कार्ड अउरी सेंडिल बरामद कईले बा ।

    आइडी कार्ड के आधार प लड़कियन के पहिचान भइल रहे । विद्यार्थी परिचयपत्र के मुताबिक पर्सा जिला कालिकामाई गांवपालिका के वार्ड नंबर २ भेड़िहारी गांव निवासी राजेश्वर साह के बेटी निभा कुमारी आ उहे गांवपालिका के वार्ड नंबर ३ हरिहरपुर निवासी हरिकिशोर चौरसिया के बेटी किरण चौरसिया रहल पहिचान भइल रहे ।

    रक्सौल सह-थानाध्यक्ष अजय कुमार के मुताबिक दुनु लड्कीयन के आत्महत्या कईल सामने आईल बा माकिर आत्महत्या कवन कारण से भइल एकर खुलसा नईखे हो सकल ।

    आइडी कार्ड पर मिलल नंबर के आधार प निभा के बाबूजी राजेश्वर साह से आपन वीरगंज संर्पक कईले रहे, उ बेर साह घटनास्थल पर जा रहल बतवले रहनी माकिर ई समाचार लिखे बेर तक निभा के परिजन रक्सौल थाना में नईखे पहुचल । एसे भी घटना आउर रहस्यमय बन गइल बा ।

    इंस्पेक्टर अजय कुमार बतवनि कि पुलिस द्वारा शव के अभिरक्षा में ले लिहल गइल बा आ अभिन तक किरण के बहनोई रक्सोल थाना में आईल रहले माकिर लडकीयन के शव में से एक जने के चेहरा बुरा तरिका से बिगड गइला से उनकर पहिचान ना भइल आ जेकर चेहरा साफ बा ओकरा के चिने खातिर निभा के ओर से केहु ना अईला से कवन शव केकर हवे ई पुर्णत: क्लियर नईखे होखे सकल ।

    साँझ हो गइला से शव के एतवार के ही जाके मोतीहारी के सदर अस्पताल में पोस्टमार्टम होखी कहके जानकारी देत इंस्पेक्टर कुमार कहले की शव के रक्सौल थाना में ही राखल गइल बा आ मोतीहारी भेजे के तैयारी हो रहल बा ।

    पर्सा के एसपी रेवती ढकाल, डीएसपी रक्सौल के संजय कुमार झा इंस्पेक्टर अजय कुमार आ मृतक किरण के परिजन

    ओने घटना में नेपाली लड़की के आत्महत्या रहला से पर्सा प्रहरी के एसपी रेवती ढकाल रक्सौल थाना से उक्त घटनास्थल पर चहुप के स्थलगत निरीक्षण कईले बाड़न । रक्सौल थाना में संकक्षी से मिलला के बाद घटना के आउर जाचबूझ करे खातिर एसपी ढकाल दुनु लड़की के डेरा रहल रानिघाट में तलाशी लेवे गइल संवाददाता गुप्ता बतवले बानी ।

    घटना के कारण पता लगावे खातिर मृतक के परिजन आ लड़की लोग के डेरा के तलाशी लेवल जा रहल संवाददाता से बातचीत में एसपी ढकाल बतवले बानी ।

    रानीघाट में रहत रहली छात्रालोग

    दुनु लड़की वीरगंज के बीपीसी कॉलेज में कक्षा ११ में पढ़त रहली । दुनु छात्रा घर से बाहर वीरगंज के रानीघाट में एक रूम लेके पढ़ाई करत रहली । निभा के बाबूजी राजकिशोर साह फोन प बतईले रहले की कालहुवे उनकर बेटी निभा टूयशन फि के पैसा लेके गइल रहे । उहवा कइसे चहुप गइल हमरा पता नईखे क़हत ई घटना से परिवारे ना समूचा गाँव सदमा में रहल बतवले रहले ।

    एने, मिलल जानकारी के अनुसार किरण चौरसिया नाम के लड़की के इहे बुध के फागुन १ गते छेका रहल बात सामने आइल बा ।

    एतवार के भइल घटना में आत्महत्या कईल लड़की लोग वीरगंज के वीरगञ्ज पब्लिक कलेजका के रहल बात संचारमाध्यम से पता चलल कलेज के सञ्चालक एवं प्रबन्ध निर्देशक डा. दीपक शाक्य स्वीकरले बानी ।

    घटना में लड़की कइसे रक्सौल पहुचली, कनना लगे के घटनास्थल पर का करत रहे लोग, लड्कीयन के सङ्गे आउर केहु भी रहे की ? जैसन अनेक प्रश्न के जबाब आइल बाकी रहला से घटना पर पर्सा पुलिस पूरा तदारुकता से लागल एसपी ढकाल बतवले बाड़े ।

    रेल्वे ट्रक पर दु लड़की के लास मिलाल – शुरुवाती खबर पढ़ी
    इहे घटना पर ताजा अपडेट २ पढ़ी

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here