रेशम चौधरी के जेल भितरे शपथ खियावे के तैयारी मे सरकार

104

काठमांडू , चैत ५

साढे दु वर्ष अगाडि भईल ‘टीकापुर घटना’ के मुख्य आरोपी रेशम चौधरी के ‘जेल भितरे’ प्रतिनिधिसभा सांसद के शपथ खियावे के तयारी सरकार कर रहल बा।

सरकार से ओह खातिर भितरे भितरे वातावरण करे मे लागल बा आ एही खातिर राष्ट्रिय जनता पार्टी के अध्यक्ष मण्डल के नेता लोग से छलफल शुरू कर देहले बा ।

राष्ट्रिय जनता पार्टी आ सरकार बीच चौधरी के जेल भीतरे सपथ खियावे के तयारी भईल विश्वशनीय श्रोत बताईले बा । श्रोतका अनुसर सरकार द्वारा ओकर वातावरण निर्माण खातिर राष्ट्रिय जनता पार्टी अध्यक्ष मण्डलका नेता लोग छलफल भी शुरू हो चुकल बा ।

राजपा के माग के आधार पर सरकार से चौधरी के जेल भीतरे शपथ खियाके निर्वाचन जितल प्रमाणपत्र उपलब्ध करावे के तयारी भईल गृह मन्त्रालय स्रोत बताईले बा।

राजपा नेता लोग के चौधरी के मुद्दा फिर्ता फिर्ता लेवे के माँग अस्वीकार करत अदालत से होखेवाला अन्तिम निर्णय प्रतीक्षा करत तत्काल खातिर प्रमाणपत्र आ शपथ खियावे के वातावरण मिलावे लाए सरकार तयार भईल बा।

शपथको वातावरण ही मिलावे खातिर चौधरी के कैलाली कारागार से काठमाडौं लियावल गईल बा ।

कैलाली क्षेत्र नम्बर १ से चौधरी ३४ हजार ३४१ मत लियाके प्रतिनिधिसभा सदस्य के निर्वाचन जितले रहलन। उनकर प्रतिद्वन्द्वी एमाले उम्मेदवार से २० हजार ९३५ मतान्तर मे चुनाव जितल उनका के निर्वाचन आयोग निर्वाचन जितल के प्रमाणपत्र अभिन तकले नईखे देहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here