रेशम चौधरी के रिहाई के मांग करत बीरगंज में प्रदर्शन

    91

    बीरगंज ३० फागुन

    रास्ट्रीय जनता पार्टी (राजपा) नेपाल से प्रतिनिधि सभा सदस्य में कैलाली-१ से निर्वाचित सासंद रेशम चौधरी के रिहाई के मांग करत मंगर के दिने बीरगंज के घंटाघर चौक पर प्रदर्शन भईल | मधेस रास्ट्रीय परिषद के प्रकाश थारु के नेतृत्व में शांतिपूर्ण प्रदर्शन भईल रहे |

    प्रदर्शनकारी लोग आयोग में प्रतिबेदन सर्बजनिक कर के क़ानूनी साशन के सम्मान आ लोकतंत्र के सुदृढीकरण आ रक्षा कर, माननीय रेशमलाल चौधरी के साथे धनगढ़ी जेल में रहल थरुहट आन्दोलनकारी लोग के बाचे के अधिकार दे, मधेस आन्दोलन के पीड़ित लोग के न्याय के सुनिश्चितता प्रदान कर लिखल प्ले कार्ड के साथ प्रदर्शकारी लोग प्रदर्शन कईलख लोग |

    प्रदर्शन के क्रम में युवा नेता ओम प्रकाश सर्राफ, नन्द किशोर पंजियार जईसन नेता लोग के सहभागिता रहे | रेशम चौधारी के उपर भादो ७ गते २०७२ कैलाली टिकापुर आन्दोलन में डेढ़ बारिस के बच्चा आ आठ जाने सुरक्षाकर्मी लोग के सामूहिक ह्त्या के आरोप लागल बा |

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here