रोपेया के कमी से केहु ना रहि इलाज से बंचित – स्वास्थ्यमन्त्री यादव

217

धनुषा । फागुन ०१ ।

उपप्रधान आ स्वास्थ्यमन्त्री उपेद्र यादव रोपेया के कमी के कारण इलाज से केहु भी बंचित नाहोखो कहेके उद्येश्य से स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम लेआवल बतवनी ।

धनुषा जिल्ला मे मगंर के स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम के शाुभारम्भ करत स्वास्थ्यमन्त्री यादव असहाय आ गरिबसब के बीमा प्रिमियम के रोपेया भी सरकार के ओर से देवेके बतवनी ।

प्राथमिक ईलाज हरेक नागरिक के अधिकार के रुप मे रहल उहाँ के जनवनी । नेपाल जईसन कम विकाश भईल देश मे स्वास्थ्य बीमा लागू करेला चुनौती रहल कहत उहाँ के एह बिषय मे सभी के सहजोग जरुरी रहल खुलस्त कइनी ।

स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम के पहिलका ध्यान मे राखत आगे बढेके मन्त्री यादव मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के आग्रह कइनी । कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कहनी आर्थिक स्थिति कमजोर भईल परिवार के खातिर स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम हितकर होखेके बतवनी ।

मानव विकास सुचकांक मे पछुवाईल प्रदेश २ मे ई कार्जक्रम से नयाँ बदलाव होखेके विश्वास तक उहाँ के व्यक्त कईनी ।

स्वास्थ्य आ जनसंख्या मन्त्रालय के सचिव पुष्पा चौधरी के मुताबिक पर्सा जिल्ला सहित नेपाल के ३६ गो जिल्ला मे हि स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम लागु होचुकल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here