एस.ई.ई. बिधार्थी लोग खातिर बीरगंज मे मास्टर एण्ड मिस एस.ई.ई. सौन्दर्य प्रतियोगिता

94

बीरगंज, ६ जेठ ।

रोयाल ईंटरटेनमेंट एण्ड ईभेंट म्यानेजमेंट द्वारा एस ई ई दे के बईठल बिधार्थी लोग खातिर बीरगंज मे मास्टर एण्ड मिस एस ई ई प्रतियोगिता के आयोजना कईल गईल । बीरगंज के एस ई ई दे के बईठल बिधार्थी खातिर मास्टर एण्ड मिस एस ई ई बीरगंज २०१८ के सौन्दर्य आयोजित प्रतियोगितायीहे जेठ १२ गते जैन भवन के सभाहल मे समम्पन्न होखे के बात भईल ।

प्रतियोगिता सम्मापन करावे के अन्तिम तैयारी हो चुकल बा आयोजक रोयाल ईंटरटेनमेंट एण्ड ईभेंट म्यानेजमेंट द्वारा जानकारी मिलल । प्रतियोगिता मे सहभागी होखेवाला प्रतिस्पर्धी लोग काल्ह शनिचर के दिन से प्रशिक्षण केन्द्र के सभा हाल मे प्रतिस्पर्धा के तैयारी कर रहल मास्टर आ मिस एस ई ई के अभिभावक लोग के बोला के कार्यक्रम सम्बन्धी बिशेष जानकारी आयोजक, तालिम देवे वाला नायक आ मॉडल युवराज केशरी आ कार्यक्रम संचालक बिजय ठाकुर उपस्थित अभिभावक लोग के बतवले ।

अभिभावक आ पत्रकार भेट घाट कार्यक्रम मे संचारकर्मी नेपाल टेलिभिजन के नेहल खान, बीरगंज संदेश दैनिक के मंसूर खान, रमाशंकर सिंह, अजीमत पाण्डे  आ अनलाईन के दीपक चौरसिया लगायत के उपस्थिती रहल रहे । यी प्रतिस्पर्धा मे पहिला , दूसरा आ तीसरा स्थान हासिल करेवला प्रतिस्पर्धी लोग के आयोजक कमिटी काठमांडू के पेंटगोन कालेज मे आ ग्लोबल बिजनेस कालेज मे छात्रबृती देवे के मॉडल केशरी जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here