रौतटह एसईई परीक्षा मे बिज्ञान बिषय के प्रश्न पत्र आउट, बाहर चिट बनते आ भीतर परीक्षार्थी लिखते

149
रौतहट : बालमन्दिर आधारभूत बिधयालय से बाहर निकलल अनिवार्य बिषय बिज्ञान के प्रश्न पत्र

अमित ठाकुर

रौतहट, 13 चईत

रौतहट एसईई परीक्षा के चौथा दिन अनिवार्य बिज्ञान बिषय के परीक्षा शुरू होखते प्रश्न पत्र आउट हो गईल । गौर नगरपालिका बालमंदिर आधारभूत बिधयालय परीक्षा केंद्र से परीक्षार्थी सामाजिक संजाल के दुरुपयोग करत प्रश्न पत्र आउट कईले अइसन अनुमान लगावल गईल बा ।

परीक्षा केंद्र से जब प्रश्न पत्र आउट ना भईल त कईसे प्रश्नपत्र के थिन पेपर बनल अनुगमन टोली के उपर प्रश्न उठता । परीक्षार्थी चिट चोरावेखातिर भाइबर के मेसेंजर, इमो आ व्हाट्सअप के प्रयोग करते परीक्षा हल से प्रश्न पत्र आउट कईले अनुमान लगावल गईल बा ।

प्रश्न पत्र आउट भईला के बाद बाहर से ही परीक्षार्थी खातिर चिट तैयार कर के भीतर भेजल जात रहे  । सबेरे 8 बजे से शुरू भईल परीक्षा आजू प्रयोगात्मक परीक्षा भी भईला के कारण १०:१५ बजे तक परीक्षा खतम भईल रहे ।

चिट चोरावे देवे के उदेश्य से ही केंद्र अध्यक्ष पत्रकार लोग के भीतर जाए से रोक लगवले रहले । जब जिल्ला शिक्षा अधिकारी रामबीनय सिंह से पुछला से हमनी पत्रकार के भीतर जाए से नईखे रोकले कहले । यी बात से प्रष्ट होता की परीक्षा केंद्र मे केंद्राअध्यक्ष ही गडबड़ कईले बाड़े ।

रौतहट के जगह जगह पर अनुगमन कडा भईला से कईसे प्रश्न पत्र बाहर आईल, प्रश्न खाड़ा होता । रौतहट के गौर मे रहल बोर्डिंग स्कूलसब बिधार्थी आ अभिभावक लोग के पढ़ाई के नाम पर ठगईति शुरू कईले बा । मनमनी पईसा ले के पढ़ावेवाला अइसन बिधयालय परीक्षा के समय मे चिट के माध्यम से बिधार्थी के पास करावे ला सब ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here