रौतहट के चन्द्रपुर मे दु गो लाश बरामद  

260

रौतहट, २५ अगहन ।

रौतहट के पुरुब-पश्चिम महेन्द्र राजमार्ग से जुडल चन्द्रपुर मे दु गो लाश मिलाला बा । चन्द्रपुर के बाजार मे एक जने आ मूनलाइट बिधालय के आगा एक जने क के दु जने के लाश मिलल प्रहरी जानकारी करावले बा ।

बाजार क्षेत्र मे मिलल लाश कौनों सवारी साधन के टक्कर से मृत्यु भईल होई शंका कईल गईल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जानकारी करवले बा । अंदाजी ३०/३५ साल के उमीर भईल लाश के अभी ले पहिचान नईखे खुले सकल ।

ओइसे ही मूनलाइट बिधालय के आगा मिलल लाश एगो भीखमांगा ए ह इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रपुर के प्रमुख डी एस पी कवित कटुवाल जानकारी करवले बाड़े । लाश के पोष्टमार्टम खातिर चन्द्रनिगाहपुर के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र मे भेजल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रपुर जानकारी देहलख । वीरगंजसंजाल

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here