रौतहट के पुजारी हत्याकाण्ड में सामिल आरोप में दु जने पकडाइले

 रौतहट के पुजारी हत्याकाण्ड में सामिल आरोप में दु जने पकडाइले

वीरगंज, १५ भादो ।
प्रदेश नं २ स्थित रौतहट के हनुमान मन्दिर के पुजारी हत्या प्रकरण में सामिल भईल आरोप में दु जने पकडाइल बा लोग ।

माधवनारायण नगरपालिका-२, खेसरहिया स्थित हनुमान मन्दिर के पुजारी हत्या प्रकरण में सामिल भईल आरोप में दु जने पकडाइल बा लोग ।

पकड़ाए में देवाही गोनाही नगरपालिका के रामनरेश पटेल आ बालकुमार पटेल बा लोग । उ लोग के भारतीय प्रहरी के सहयोग में बिहार से पकड़ के रौतहट प्रहरी में लियावल गईल ।

प्रकरण में देवाही गोदाही नगरपालिका-१ के वडाध्यक्ष शेख नरुल्लाह, राजेन्द्र पटेल, कहिल पटेल आ रामप्रवेश पटेल फरार बा लोग ।

अभी पकडाइल दुनु जाने आपन आरोप नईखे स्विकार ले लोग । प्रारम्भिक अनुसन्धान में पुजारी श्रीराम साह के हत्या में धार्मिक कारण नईखे देखल गईल प्रहरी स्रोत जानकारी देहले बा ।

बीतल ३ भदौ महीना में रात के खाना खाए बइठल समय पुजारी साह के अज्ञात व्यक्ति गोली मार के हत्या कइले रहे लोग ।

आम नागरिक हत्या के एक हप्ता बितला पर भी अनुसन्धान में प्रहरी के सफलता ना मिलल कहत विरोध कइले रहे लोग ।

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *