रौतहट में एक छात्रा के २ महिना तक बंधक बनाके बेर बेर सामूहिक बलात्कार कईल के अभियोग में ३ जने धरईले

743

अमित ठाकुर

रौतहट, सावन ०१।

रौतहट के गुजरा नगरपालिका स्थित कंकाली माबि में अध्ययनरत एक छात्रा के अपहरण करके २ महिना तक बंधक बनाके बेर बेर सामूहिक बलात्कार कईल के अभियोग में प्रहरी ३ जनेके पकड़ले बा । घटना में संलग्न रहल तीनु जने के प्रहरी सार्वजनिक कईले बा ।

अभियोग लागल में गुजरा नगरपालिका वडा ७ के रामइश्वर चौधरी के बेटा बर्ष ३६ के बलिष्टर चौधरी, रामानन्द चौधरी के बेटा बर्ष २४ के धर्मेन्द्र कुमार चौधरी आ रामपवित्र महतो के बेटा बर्ष १९ के जियालाल महतो के पकड़ल ईलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के प्रहरी निरीक्षक चतुर्भुज ओझा जानकारी देहनि ।

घटना के मुख्य योजनाकार कहल गईल बलिष्टर चौधरी द्वारा गुजरा नपा ७ कंकाली माबि में अध्ययनरत १३ बरीष के छात्रा के बितल बैशाख २४ गते मध्य रात में घर से ही अपहरण कईल प्रहरी द्वारा जनावल गईल बा ।

अपहरण पश्चात उक्त समूह छात्रा के सर्लाही, पर्सा आ भारत के अनेकन स्थान में राखले रहे । उहे क्रम में बलिष्टर चौधरी अपहरित छात्रा के बेर बेर जबरदस्ती बालात्कार कईल बात सामने आईल निरीक्षक ओझा बतवनि ।

अभियुुक्त मे से धर्मेन्द्र आ जियालाल के गरुडा से आ बलिष्टर के बारा प्रहरी द्वारा कलैया से पक्राव कईल जनावल गईल बा ।

पीडित लइकी के पर्सा प्रहरी द्वारा वीरगंज से बितल असार २७ गते सकुशल खोजले रहे । तीनु गोड़े ऊपर अपहरण, शरीर बन्धक आ जबरजस्ती बालात्कार के मुद्धा दर्ता करके जिल्ला अदालत गौर से म्याद तोकाइल निरीक्षक ओझा बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here