रौतहट में पुजारी के गोली मार के हत्या

 रौतहट में पुजारी के गोली मार के हत्या

रौतहट, ४ भादो ।
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका में एगो पुजारी के हत्या भईल बा ।
माधवनारायण – २ खेसरहिया में गोली मार के हनुमान मंदिर के पुजारी श्रीराम साह के हत्या भईल बा ।
बुध के संझिया नियमित पूजा कर के रात के खाना खाए बइठल पुजारी साह के अपरिचित आदमी नियरे से ही कनपटी पर गोली मरले रहे ।
बाँया कनपटी पर गोली लागल पुजारी साह के घटनास्थल पर ही मृत्यु भईल रहे जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के एसपी रविराज खड़का जानकारी करवले ।
घटना के बारे में अनुसंधान हो रहल बा एसपी खड़का कहले ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *