रौतहट में पुजारी के हत्यारा पकडे के मांग करत हिन्दू परिषद द्वारा प्रशासन कार्यालय पर्सा में ज्ञापन

वीरगंज, ०७ भादो ।
रौतहट में भईल पुजारी हत्याकाण्ड में सामिल अपराधी के पकड़ के कारवाही करे के मांग करत एतवार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा में ज्ञापन पत्र देहल गईल बा ।
रौतहट पुजारी हत्याकाण्ड में हनुमान मन्दिर के पुजारी स्व. श्रीराम साह के पिछला हप्ता रात्रि बेरा के भोजन समय कनपटी पर गोली मार के हत्या कर देहल गईल रहे ।
O
ज्ञापन द्वारा अनेकन मांग के साथ हिन्दू परिषद नेपाल ज्ञापन पत्र जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के जिल्ला प्रमुख अधिकारी आसमान तामांग के देहले बा । ज्ञापन पत्र में पूजनीय पुजारी श्रीराम साह के शहीद घोषणा करे के, दोषी के फांसी देवे के, संत, महन्त लोग के सुरक्षा के ग्यारेन्टी समेत देवे के उल्लेख कईल गईल बा ।

ज्ञापन पत्र देवे में हिन्दू परिषद नेपाल के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल, सचिव सुधीर मिश्रा, जिल्ला सदस्य आमोद कुमार केवट, वीरगंज नगर अध्यक्ष प्रमोद सिंह सहित केंद्रीय सदस्य सुरेश साह कानू, भरत सर्राफ आ संतोष पटेल के उपस्थिती रहे ।

