रौतहट में पुजारी के हत्या के विरोध में राष्ट्रीय एकता अभियान द्वारा परवानीपुर विरोध प्रदर्शन कार्यक्रम ।

वीरगंज, ०६ भादो ।
रौतहट में पुजारी श्रीराम साह के निर्ममता पूर्वक हत्या के विरोध में आजु शनिचर के दिने वीरगंज के परवानीपुर में वरोध प्रदर्शन भईल बा ।
राष्ट्रीय एकता अभियान के केन्द्रीय सदस्य कृष्ण साह के अगुवाई में भईल विरोध प्रदर्शन कार्यक्रम में हत्यारा के जल्दी से जल्दी कारवाही करे के माँग कइला के साथे साधु सन्त एवम हिन्दू अभियन्ता के सुरक्षा ना देवे सकेवाला प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री के राजीनामा मांग कइले बा लोग ।
वरोध प्रदर्शन में परवानीपुर गावँपालिका के संयोजक अनिल यादव समेत अभियन्ता अनिल कुशवाहा, राहुल सर्राफ, सोनू कुशवाहा, सौरभ तिवारी समेत संजय साह के उपस्थिति रहल बा ।

