रौतहट में प्रेस लिखल मोटरसाईकल सहित चोर पकडाईल |

65

अमित ठाकुर

 

रौतहट, ३ चईत

रौतहट जिल्ला के अनेकन जगह पर सवारीसाधन चेक जाच करेमे ट्राफिक प्रहरी एक दम से कडाई कईले बा |  चेक जाच के क्रम में ही आजू सझिया के नेपाल भरात के सिवान गौर भंसार के नियरे रौतहट जिल्ला के धरहरी घर भईल प्रदीप यादव उर्फ़ मुन्ना यादव प्रेस लिखल ना ३४ प ९९८० नम्बर के पैसन प्रो मोटरसाईकिल सहित यदाव के नेपाल प्रहरी पकडले बा |

यादव पहिले भी चोरी के मुद्दा में जेल सजाय काट चुकल बाड़े माकिर अभी तक यादव के चोरी के आदत छोडले नईखन | यादव के ऊपर मोबाईल आ लैपटप चोरी के मुद्दा दर्ता होते ही ८ दिन से यादव के पकडे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी खटल रहे | यादव प्रहरी के अनेकन किसिम के चकमा देत देत आज सवारी साधन चेक जाच के क्रम में पकड़ा गईले जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा | मोटरसाईकिल के बारे में अनुसंधान हो रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय बतवलख |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here