रौतहट में फेर एगो लड़की के ब्लात्कार के बाद हत्या

 रौतहट में फेर एगो लड़की के ब्लात्कार के बाद हत्या

रौतहट में फेर एगो लड़की के ब्लात्कार के बाद हत्या

रौतहट, १८ कुवार ।

रौतहट प्रहरी किशोरी संझा साह के बलात्कार कर के हत्या करेवाला अपराधी पत्ता लगावे ख़ातिर शंकास्पद व्यक्ति संघे पूछताछ शुरू कइले बा ।

शनिबार आ आइतबार कर के १४ जने शंकास्पद व्यक्ति के बोला के घटना के विषय में पुछताछ कइलख रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक सिद्धिविक्रम साह जानकारी देहले बाड़े ।

‘संझा हत्या घटना प्रकरण के अनुसन्धान गम्भीर रुप से हो रहल बा । अभी तक ले १४ जने शंकास्पद व्यक्ति के बोला के पूछताछ कईल गईल बतवले । अपराधी अभी तक पत्ता नइखे लागे सकल । अपराधी के हमनी खोज रहल बानी उ बतवले ।

आपन ममहर घर वृन्दावन नगरपालिका वाड नम्बर ४ में रहत आईल संझा शुक्रबार सबेरे घाँस काटे गईल समय उनकर बालत्कार कर के हत्या भईल रहे । हत्या भईल अवस्था में उनकर नग्न शव घर से करिब पाँच सय मिटर कर दूरी मर पल्टुवा टोला नियारा बागमती नहर के किनारे उख के खेत में साँझ के ४ बजे मिलल रहे ।

घटनास्थल के डग टोली द्वारा अनुसन्धान कर के संझा के शव के मिलल लगभग १८ घण्टा के बाद उठा के पोस्टमार्टम ख़ातिरा वीरगंज के नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल ले गईल गईल । रौतहट के गढीमाई नगरपालिका १ कर सीताराम साह कानु के बेटी संझा छोटहने से आपन ममहर वृन्दावन नगरपालिका ४ में मामा बैजनाथ साह के घरे रहत आईल रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *