रौतहट में मोटरसाइकल दुर्घटना में एक जने के मृत्यु

297

अमित ठाकुर

रौतहट,चैत २३

रौतहट जिल्ला के माधव नारायण नगरपालिका वार्ड नबर ३ स्थित गौर चन्द्रनिगाहपुर सड़क खण्ड मे शुक के रात के करीव साढ़े आठ बजे के समय मे भईल सवारी दुर्घटना मे एक जनेके मृत्यु भईल बा ।

गौर से सखुअवा तरफ जा रहल ना २० प ७८०८ नम्बर के मोटरसाइकल सुकदेव चौक लगे खड़ीआईल ना ४ त ३८०६ नम्बर के ट्रेक्टर के खाली टेलर मे जाके ठोकला से स्थानीय माधव नारायण नगरपालिका ३ भेलही निवासी ३० वर्षीय रामबाबू यादव के घटना स्थल पर ही मृत्यु होगइल बा । रास्ता के किनार मे बिगड़ल टेलर मे ठक्कर लागला से मोटरसाइकल दुर्घटना भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनईले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here