रौतहट मे अवैध हतियार सहित सहनी पक्राव

122

अमित ठाकुर

रौतहट,चैत १९

रौतहट मे दिन प दिन अपराधीक घटना घट रहल बा। रौतहट प्रहरी द्वारा फेरु अवैध हतियारसहित एक जनेके पक्राव कईले बा ।

बिशेष सुराकी के अधार पर स्थानीय गौर नगरपालिका वडा नम्बर ४ टिकुलिया टोल के ५० बर्षिय जोगेन्द्र सहनी के अवैध हतियार सहित झुनखुन्वा से प्रहरी पक्राव कईले बा। जिल्ला प्रहरी कार्यालय गौर द्वारा प्रहरी नायव निरीक्षक रुद्र कँडेल के कमाण्ड मे खटल प्रहरी टोली द्वारा यमुनामाई गाँवपालिका–५ झुन्खुनवा चौक से एक थान कटुवा बन्दुक आ एस एल अार तिन राउण्ड गोली सहित सहनी के नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी निरिक्षक तथा स-प्रवक्ता मनोज यादव बतवले बानी।

काल्हु राति करिव ९ बजे मछरी बेच के आपन घर आवत बेर झसन्खुन्वा बजार से सहनी के बीआर ०५ ई २६०१ नम्बर के प्लाटिना मोटरसाईकल के प्रहरी टोली नियन्त्रण मे लेके चेक जाँच कईला पर मोटरसाइकल मे प्लास्टिक मे बेरके राखल कटुवा पेस्तोल आ गोली सहित सहनी के नियन्त्रण मे लेके थप अनुसन्धान हो रहल स-प्रवक्ता यादव जनईले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here