रौतहट मे केंद्राध्यक्ष राउत के मनोमानी, सुचना बिभाग के कार्डधारी पत्रकार लोगके भी ढुके ना देहले

181

अमित ठाकुर

रौतहट, चैत ०८

रौतहट सहित नेपाल भर के जिल्लाके केन्द्र से सञ्चालन हो रहल ई वर्ष के अन्तिम माध्यमिक शिक्षा परिक्षा अर्थात एस.ई.ई परीक्षा आजू से शुरू भईल बा । ई साल के परीक्षा मे नियमित आ एजाम्टेड के अलग अलग पश्नपत्र रहल जिल्ला शिक्षा अधिकारी रामबिनय कुमार सिंह जनवनी।

ई बेर के एस.ई.ई परीक्षा रौतहट मे अउर कड़ाई के होखे के जगह उलटे बिधार्थी लोग चिट चोरे खातिर छुट देहल जैसन बा । आजू रौतहट गौर नगरपालिका के बालमन्दिर अधारभुत बिधालय मे कैसन परीक्षा होरहल देखे गइला पर केन्द्र अध्यक्ष चन्देश्वर राउत द्वारा पत्रकार लोग के रोक लगावल गइल रहे।

केन्द्र अध्यक्ष राउत के सुचना बिभाग मन्त्रालय अउरी नेपाल सरकार के प्रेस प्रतिनिधि के प्रमाण पत्र देखवला पर भी राउत ना मननि । ‘हम पत्रकार लोग के परीक्षा केन्द मे आवे ना देहेम’ उनकर कहनाम रहे ।

अाखिर काहे जाए ना देहेम कहके राउत से पुछला पर कुछों जवाब ना देहत उलटे हाथ पकड़ के बाहर जाए के कहनी ।काहे जाए ना देहनी, काहेकी विधालय भितर केन्द्र अध्यक्ष राउत होम गार्ड ना राखे के जगह पर होम गार्ड राखले बानी। ओइसही एके कक्षाकोठा मे ४० गो परिक्षार्थी रहला पर भी २ जने गार्ड के मात्र खटावल गईल रहे।

बोर्डिङ बिधालय के परीक्षा केन्द्र परल बालमन्दिर अधारभुत बिधालय रौतहट गौर मे बिधार्थी लोग के चिट चोरावे के मन्साय से ही पत्रकार लोग के भितर ढुके पर रोक लगावल गईल रहे।

जिल्ला शिक्षा अधिकारी रामबिनय सिंह से सोधपुक्ष कईला पर हमनी पत्रकार लोग के केन्द्र भितर ढुके से रोक लगावे वाला कवनों किसिम के अादेश दहले नईखे बल्कि पत्रकार लोग के सुचना लेवेके निर्णय बैठक से ही पारित भईल रहे उहाँ के जवाब रहे। केन्द्र अध्यक्ष राउत बोर्डिङ बिधालय सबके प्रधानाध्यापक लोग से तालमेल मिलाके चिट चोरी करावे पर लागल स्थानीय के आरोप बा ।

केन्द्र अध्यक्ष राउत के हई ?

श्री जुद्ध उच्च माध्यमिक बिधालय रौतहट गौर के सहायक प्रधानाध्यापक आ अंग्रेजी बिषय के मास्टर उहाँ के हई।

राउत द्वारा केंद्र अध्यक्ष के जिम्मेवारी मुताबिक परिक्षा के हर सम्भव मर्यादित बनावे के जगह बोर्डिङ बिधालय के प्रधानाध्यापक लोग से मिलजुल के परिक्षा के अमर्यादित बनारहल बाड़े आ पत्रकार लोग कही छाप ना देवो, ई डर से पत्रकार लोग के केंद्र के भितर ढुके नईखन देत स्थानीय के अनुमान बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here