रौतहट मे ट्राफिक नियम के बारे मे टेम्पु ड्राइभर आ ट्राफिक प्रहरी बीच अन्तरक्रिया कार्यक्रम

108

अमित ठाकुर । रौतहट, २५ सावन ।

रौतहट जिल्ला के गौर नगरपालिका मे चल रहल नेपाली प्लेट नम्बर के टेम्पु ड्राइभर आ ट्राफिक प्रहरी बीच ट्राफिक नियम के बारे मे १ दिन के अन्तरक्रिया कार्यक्रम पूरा भईल बा ।

रौतहट गौर ट्राफिक प्रहरी कार्यालय के प्रहरी नायब निरीक्षक दीपेन्द्र कुमार साह आ प्रहरी हवलदार रबी भूषण सिंह आ अरुण पाण्डे गौर मे टेम्पु ड्राईभर के ट्राफिक नियम के बारे मे आ कवना पोजिसन मे गाड़ी चलावे के बारे मे जानकारी देहले लोग ।

रौतहट के गौर बॉर्डर एरिया भईला से पहिले भारत के नम्बर प्लेट वाला टेम्पु चलत आइल रहे माकिर अब ट्राफिक नियम के कड़ाई के साथ चेक जांच भईला के बाद गौर मे अब नेपाली टेम्पु भी डूगरत देखल गईल बा । ओइसन टेम्पु चलावेवाला ड्राईभर लोग लगे लाइसेन्स ना भईला से आ कुछ नाबालिक लोग के चलावला से दुर्घटना होखे के बहुति संभावना भईला के वजह से  उचित समय मे ही ट्राफिक प्रहरी द्वरा गौर मे चलावल जा रहल नेपाली टेम्पु के ड्राईभर लोग के ट्राफिक नियम के बारे मे जानकारी देहल गईल । ओइसे ही ड्राईभर लोग के ट्राफिक नियम के पालन करे खातिर बढ़िया ढंग से समझावल गईल ।

अन्तरक्रिया कार्यक्रम मे ५० जने से बहुति टेम्पु ड्राईभर लोग के उपस्थिती रहे । सड़क मे ओभार स्पीड ना करे के आ बाजा भी ना बजावे के ट्राफिक प्रहरी ड्राईभर लोग के जानकारी करवलख । ट्राफिक नियम के बारे मे ड्राइभर के जानकारी करावत ट्राफिक प्रहरी के प्रहरी नायब निरीक्षक साह टेम्पु यात्री आ ड्राइभर बीच नोह आ मास जईसन सम्बंध बना के रखे के जानकारी करवले ।

टेम्पु पर चढ़ेवाला सवारी से कईसन ब्यावहार करे के कोई के साइड मंगला पर जल्दी से साइड देवे के, एम्बुलेंस, बरुणयन्त्र, प्रहरी के गाड़ी अईला पर जल्दी से साइड दे के आगा जाए देवे के आ ट्राफिक नियम के पालन करे के भी जानकारी देहल गईल ।

अब से कौनों भी टेम्पु ड्राईभर नियम के बिपरित गईला पर नियम के हिसाब से चलान काट के करवाही करे के चेतावनी भी देहल गईल । कही भी दुर्घटना भईला पर आ चाहे कौनों टेम्पु के ड्राईभर आ चाहे बस ड्राइभर सवारी से अभद्र ब्यावहार कईला पर जल्दी से जल्दी प्रहरी निशुल्क नम्बर १०० मे फोन कर के जानकारी करावे के रौतहट बासी के जानकारी करावल गईल । दोसरा बेर ई-रिक्सा चालक के साथे अन्तरक्रिया कार्यक्रम राखे के प्रहरी नायब निरीक्षक साह जानकारी देहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here