रौतहट मे तीन जने मोटरसाइकिल चोर पकडाईल

525

 

अमित ठाकुर । रौतहट । माघ २१ ।

रौतहट जिल्ला मे बहुते गते मे पकडाईल मोटरसाइकिल चोर के सोमार के जिल्ला प्रहरी कार्जालय रौतहट पत्रकार समेलन करके सार्वजनिक कईले बा । जिल्ला मे रोजाना बढरहल मोटरसाइकिल चोरी के रोकेके क्रम मे तीन जने मोटरसाइकल चोर के पकडल गईल रौतहट के डिएसपि महेन्द्र मरासिनी जनवनी ।

चोर के झुंड रौतहट के बहुते जगह से चोरी कईल मोटरसाइकिल मेसे दु गो मोटरसाइकिल आ तीन गो चोर के सोमार के सार्वजनिक कईले बा । माकिर मेन नाईके के खोजी होरहल डिएसपि मरासिनी जनवनी ।

उ चोरसब से मोटरसाइकिल चोरी कररहल सिसिटिभी भिडियो प्रमाण सहित दु गो मोटरसाइकिल बरामद कईल डिएसपि मरासिनी बतवनी । एहितरे मेन नाईके के खोजी के काम मे पुलिस के खाटाचुकल जिल्ला प्रहरी कार्जालय रौतहट जनवले बा । पकडाईल चोर गौर से मोटरसाइकल चोरी करके बारा जिल्ला के सिम्रोनगढ मे राखल करेके चोरसब बयान देहल डिएसपि मरासिनी बतवनी ।

कुछ दिन पहिले गौर नगरपालिका वार्ड नंबर ८ मे रहल आँखा अस्पताल से बा ४० प ४५७६ नंबर के २२० सिसि पल्सर मोटरसाइकिल चोरी करके भागरहल अवस्था मे पुर्वी चम्पारण जिल्ला के खुरहिया निवासी २१ वरीष के सरोज कुमार कुशवाहा आ आदर्श कुमार कुशवाहा के पकडल गईल डिएसपि मरासिनी जनवनी ।

एहितरे गौर भन्सार लगे से बि आर०६बिसी३२६४ नम्बर के लाल गलेम्बर मोटरसाइकिल चोरी करके उ मोटरसाइकिल के नंबर बिआर०६एक्स०४८२ के नंबर लगाके सिम्रोनगढ नगरपालिका वार्ड नंबर १ के २२ वरीष के उमेश मुखिया चलारहल आ दोसर मोटरसाइकिल चोरी करेके उदेश्य से गौर आईल बेरीया पुलिस द्धारा पकडल गईल डिएसपि मरासिनी जनवनी ।

अभीन चोरी भईल अउर मोटरसाइकिल आ मेन आदमी(नाईके) के खोजी होरहल जिल्ला प्रहरी कार्जालय रौतहट जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here