रौतहट मे बाढ़ के कहर, सचेत आ सावधान रहे के निहोरा

239

वीरगंज, २७ आसार ।

रौतहट जिल्ला अभी बाढ़ के चपेटा मे परल बा । लालबकैया नदी मे आईल बाढ़ से रौतहट जिल्ला के स्थिति नाजुक आ दैयनीय बनलबा  । लालबकैया नदी मे मोटरसाइकिल सहित गिरला से औरईया निवासी एक जाने के मृत्यु हो गईल बा ।

गढ़ीमाई नगरपालिका के लक्ष्मीपुर के नियारा रहल बागमती के बान्ह टुटला से अगल बगल के बस्ती मे बाढ़ समाइल बा । जेकरा करते अभी ऊहा के स्थानीय के जीवन अस्तब्यस्त बा ।

राजपुर नगरपालिका के दमार चौक आ बालुवा मे बकैया नदी के पानी घुसला से करीबन दर्जन भर घर बाढ़ के चपेटा मे आइल बा ।
दुर्गाभगवती गांवपालिका वार्ड नंबर ५ मे झाझ के पानी ढुकला के वजह से करीबन १ दर्जन घर मे पानी समाइल बा । स्थानीय बासी के विस्थापित कईल जा रहल बा ।

बियफे के रात से शुरू भईल बारिस लगातार परला के चलते रौतहट के बहुते जगह डुबान मे परल बा । पुरुब पश्चिम राजमार्ग के चन्द्रनिगाह पुर के लचका मे पानी के बहाव उच्चस्तर पर भइला के कारण आवतजवात मे अवरोध खड़ा भईल बा ।
लालबकैया आ बागमती के बढ़त जलस्तर देख के संभावित बाढ़ के ध्यान मे राखात जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट सब कोई के सतर्क आ सावधान रहे खातिर माईकिंग कईले बा साथ मे सहयोग लाय प्रहरी चौकी के फून नम्बर भी जारी कईले बा । ओइसे ही रौतहट जिल्ला प्रशासन कार्यालय भी रौतहट वासी के सतर्क आ सावधान रहे के निहोरा कईले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here