रौतहट मे मछरी पकड़े गईल तीन गो लईकी के गड़ाहा के पानी मे डूब के मृत्यु

439

रौतहट २७, भादो ।

रौतहट मे मछरी पकड़े गईल तीन गो लईकी लोग के डूब के मृत्यु भईल बा । मछरी पकड़े गईल ईशनाथ नगरपालिका १ बंजाराहा के तीन गो लईकी लोग के लाश पनि मे डुबल अवस्था एमई मिलल बा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

मृत्यु होखेवाला मे बृजनन्दन यादव के १० साल के बेटी किञ्जल यादव, ६ साल के बेटी गुंजन यदाव आ हिरालाल साह के ७ साल के बेटी सरिता साह रहल बा लोग जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के डीएसपी नवीन कार्की जानकारी करवले ।

धनखेती संघे रहल गड़ाहा मे मछरी पकड़े गईल तीनु लईकी गड़ाहा मे डुबल रहे लोग । साँझ तक घरे ना आईला पर घर के अभिभावक लोग खोजत खोजत गड़ाहा लगे चहुपल रहे जहा तीनु लईकी डुबल अवस्था मे मिलल लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here