रौतहट मे मीलल बम नेपाली सेना द्वारा निसक्रिय कईल गईल

    179

    रौतहट, ०९ पुष ।

    रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के कार्यालय परिसर मे रखल शंकास्पद समान नेपाल सेना के बम डिस्पोजल मंडली निसक्रिय कईले बा । ईशनाथ – ३ मे रहल नगरपालिका कार्यालय मे अपरिचित आदमी झोरा मे शंकास्पद तरीका से प्रेसरकुकर रखले रहे ।

    सबेरे सवा नौ बजे कार्यालय परिसर मे झोरा मे प्रेसरकुकर, तार आ मोबाइल से सहित जोड़ के रखल झोरा देखला के बाद स्थानीय लोग प्रहरी के खबर कईले रहे । जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट से आइल प्रहरी मंडली घटनास्थल के घेरा लगावले रहे ।

    झोरा मे राखल सामान बम हो सकता यीहे शंका मे प्रहरी मोबाइल के नेटवर्क तक बन्द करवले रहे । प्रेसरकुकर मे मोबाइल जोड़ल देखला के बाद नेपाली सेना ओकरा के निष्क्रिय बनावे ए तैयारी कईला के बाद प्रहरी टेलिकम के मोबाइल नेटवर्क बन्द करे के कहले रहे जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता डीएसपी नवीन कार्की जानकारी करवले । नेपाली सेना के इन्द्र बाक्स गण से खटल बम डिस्पोजल मंडली ओकरा के निष्क्रिय बनावला के बाद मोबाइल सेवा वापस शुरू कईल गईल रहे ।

    प्रेसर कुकर मे टेप लगा के तार आ मोबाइल समेत जोडल समान देखला के बाद स्थानीय लोग त्रासित भईल रहे । करीब दु घंटा के प्रयास के बाद बम के नेपाली सेना निष्क्रिय कईले रहे । अनलाईनखबर

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here