रौतहट मे मोटरसाइकल सहित तस्करी के लाखों मुल्य बराबर के कपडा सशस्त्र प्रहरी द्वारा पक्राव

212

अमित ठाकुर

रौतहट, चैत २०

रौतहट जिल्ला के बोर्डर ईलाका सब मे पिछिलका कुछ दिन से तस्करी मे बहुति वृद्धि भईल देखल गईल बा। तस्कर लोग तस्करी गर्दा आपन रास्ता मे परेवाला चौकी ईन्चार्ज लोग के मिलाके बहुति मात्रा मे तस्करी कर रहल देखल गईल बा।

बाक़िर कुछ दिन पहिलही रौतहट के छोटी भन्सार बंकुल सशस्त्र क्याम्प मे सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक गोबिन्द पोखरेल खटते मातर से रौतहट के पश्चिम भेग मे तस्करी मे नियन्त्रण आईल देखल गईल बा।

बिशेष सुराकी के अधार पर आजू सबेरे बंकुल से सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक पोखरेल के कमान्ड खटल टोली द्वारा रौतहट आ बारा के बोर्डर पर स्थित भरुवा खोला के बोर्डर होत तस्करी के मालसमान रौतहट लियावत अबस्था मे रौतहट के मौलापुर नगरपालिका के सोनरनिया टोल नजिक आजू सबेरे ४ बजे ३ गो भारतीय नंबर प्लेट के मोटरसाइकल सहित ३ लाख ६५ हजार ८१० रुपैयाँ बराबर के भन्सार लुकाके आईल कपडा पकड़ाइल बा।

सशस्त्र प्रहरी के टोली के देखला के बाद तस्कर लोग मोटरसाइकल सहित तस्करी के मालसमान सब छोडके भागल सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक पोखरेल बतवनी।

बि अार २९ एम १७५९ ,बि अार ०५ एम ३१२७, बि अार ०५ एम २०३० नंबर के तीनु प्लाटिना आ सर्ट के कपडा, पर्दा के कपडा,पेटिकोट के कपडा, धोती, जीन्स, कुर्ता,बेडसिट सहित आउर कपडा सब के पकड़के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक प्रेम राज पोखरेल के रोहबर मे पत्रकार समेलन करके भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल बा ।

ओइसही रौतहट के बोर्डर ईलाका सब मे थप सशस्त्र प्रहरी भेज के तस्करी रोके खातिर आउर कडा गस्ती बनावल गईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक पोखरेल द्वारा जनावल गईल बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here