रौतहट से मोटरसाईकील चोरी करेवाला गिरोह बारा में पकड़ाइल

399

रौतहट, भादो २

रौतहट प्रहरी मोटर साईकील चोरी करेवाला गिरोह के बारा के कोल्हवी से पकड़ले बा ।

रौतहट से चोरावल मोटरसाईकील बारा के कोल्हवी में लेजाके मोटरसाइकिल के रंग बदलेवाला ग्यारेज में मिलल रौतहट प्रहरी जनवले बा ।

बितल सावन ३१ गते रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर ४ से वृन्दाबन नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ निवासी सोनालाल प्रसाद यादव के चोरी भईल ना४६प २२८२ नम्बर के २२० सिसि के करीया रंग के पल्सर मोटरसाईकील खोजी करत गईला बाद प्रहरी गिरोह तक पुहुचल रौतहट के एसपी भुपेन्द्र खत्री बतवनी ।

प्रहरी कोल्हवी नगरपालिका ९ स्थित मोटर साईकील ग्यारेज में छापा मारके मोटरसाईकील के स्वरुप परिवर्तन करेवाला गिरोह के ३ जने के पकड़ल प्रहरी उपरिक्षक खत्री बतवनी ।

पकडाएवाला में रौतहट फतुआ बिजयपुर नगरपािलका वार्ड नम्बर ११ के रहनीयार कमल चौधरी, अरुण चौधरी आ अकिलेश चौधरी रहल एसपी खत्रीले बतवनी ।

ओह गिरोह रौतहट के बहुते जगह से आधा दर्जन से बेसी मोटर साईकील चोरा के ओकर रंग बदलके बेचल तक खुलासा भईल बा ।

पकडाइल मोटरसाईकील चोर के गिरोह के अदालत से म्याद बढ़ा के कारवाही आगे बढावल एसपी खत्री बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here