लंगडी स्वास्थ्य चौकी में ३५२ जने के आँच चेकजाँच भइल

158

लालबाबु बानिया
पोखरिया २६ माघ

पर्सा जिल्ला के धोबनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ लंगडी स्वास्थ्य चौकी में आजु जेष्ठ नागरिक के सम्मान में निःशुल्क आंख शिविर पुरा भइल बा । आंख चेकजाँच शिविर में ३५२ जने के चेकजाँच कइला में १४२ जने में मोतियाबिन्दु बेमारी मिलल रहे ।

धोबनी गाँवपालिका के सहजोग आ सुनौलो नेपाल पर्सा के आयोजना आ केडिया आंखा अस्पताल के सहजिजिकरण में निःशुल्क आंख शिविर परा भइल बा । शिविर में धोबनी गाँवपालिका के लंगडी, हरिहरपुर, धोबनी, घोडदौरापिपरा आ भिखमपुर के जेष्ठ नागरिकलोग आंख चेकजाँच शिविर से फायदा लेहले बा ।

वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष मजिद मिया के अध्यक्षमा में भइल कार्जक्रम में प्रमुख अतिथि बशिष्टनारायण कुर्मी बिकास निर्माण के काम से बढिया समाजिक सेवा जरुरी रहल बतवनी । नेत्र दान जीवन दान जरुरी रहल बतावत जेष्ठ नागरिकलोग के सम्मान में निःशुल्क आंख शिविर भइला में सराहना कइनी ।

शिवीर में वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष ललन कुर्मी, ईलाका प्रहरी कार्यालय के प्रमुख योगेन्द्र यादव, बेश केम्प भिखमपुर के सप्रसनी नवल साह, सुनौलो नेपाल के अध्यक्ष आमोद केवट, पत्रकार लालबाबु बानिया, धर्मेंन्द्र चौरसिया, राजन बानिया, नरेन्द्र साह, शम्भु प्रसाद लगायत के सहभागीता रहल रहे । शिविर में केडया अस्पताल के डा. शिवशंकर गुप्ता, रासदेव साह, लालबाबु मंडल, राजेश अधिकारी के टोली चेक जाँच कइले रहे ।

शिविर में मँगनी में दवाई भी देहल गइल रहे । शिविर में मोतिया बिन्दु के मरेजीलोग के निःशुल्क आंख के अप्रेशन केडिया आंखा अस्पताल में करावे के आ चसमा तथा दवाई भी आयोजक संस्था से देवेके बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here