लइका अपहरण काण्ड मे आरोपित २ जने बारा से पकड़इले

444

बारा, २१ माघ ।

लइका अपहरण काण्ड मे आरोपित २ जने के बारा प्रहरी पकडले बा । अपहरण मे परल १० साल के लइका के कलेया उपमहानगरपालिका वाड नम्बर २४ श्रीपुर के सड़क से प्रहरी उद्धार कइले बा । प्रहरी द्वारा पकड़ाइल वीरगंज महानगपलिका वाड नम्बर १४ गण्डक बहूअरी के रमेश आ बारा परसौनी गावपालिका वाड नम्बर ५ प्रस्टोका के राजू राम बा लोग ।

बितल सुक के दिने बिधालय मे सरस्वती पूजा के विसर्जन कार्जक्रम मे गइल लइका अबेर तक घरे ना अइला पर परिवार के लोग इलाका प्रहरी कार्यालय परसौनी मे खबर कइले रहे लोग । खबर मिलते इलाका प्रहरी कार्यालय परसौनी बारा से खटल प्रहरी समूह खोज तलाश कइला प रमेश राम अपहरण के मुख्य योजनाकार उ लइका के अपहरण क के राजू के देवे जात समय प्रहरी उनका के अपना हिरासत मे लेत अपहरित लइका के उद्धार कइले रहे ।

प्रहरी राम के अपना नियन्त्रण मे ले के पूछताछ कइला पर उनके मामा राजू राम लइका के बहला फुसला के अपहरण कर के लियावला प ५० हजार रोपेया देहेम एही लोभ मे राम लइका के अपहरण के बात स्वीकरले । उ लोग के अपहरण आ शरीर बन्धक मुद्दा मे आगा के अनुसंधान हो रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी देहले बा । वीरगंज संजाल

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here