लकडाउन जेठ २० गते तक बढ़ल, मन्त्रीपरिषद के निर्णय

206

काठमाण्डू, ४ जेठ ।

सरकार लकडाउन जेठ २० गते के आधारात तक करे के निर्णय कईले बा । एतवार के दिने बईठल मन्त्रीपरिषद के बइठक लकडाउन औरी बढ़ावे के निर्णय कईले बा सरकार के प्रवक्ता एवं संचार आ अर्थमन्त्री डा. युवराज खतीवाड़ा जानकारी करवले ।

नेपालमे कोरोना संक्रमण के दोसरका केश भेटला के बिहान भइला सरकार चईत ११ गते से देश भर लकडाउन कईले रहे । पिछला बेर जेठ ५ तक लकडाउन के बढ़ावल गईल रहे । जेठ ५ के बाद जोखिम के आधार पर लकडाउन ढीला भा कडा करे के कहल गईल रहे पर पिछला समय कोरोना संक्रमण संख्या बढ़ के २९५ पहुचल बा आ दु जने के संक्रमण से मृत्यु के पुष्टि भी हो चुकल बा । एही से एतवार के ही बइठल COVID-१९ सम्बन्धी के उच्चस्तरीय समन्वय समिति के बईठक से लकडाउन अउरी बढ़ावे के प्रस्ताव मन्त्रीपरिषद मे देहले रहे ।

संचारमन्त्री ड़ा. खतिवाड़ा के हिसाब से लकडाउन के नया ओडलिटी के बारे मे उच्चस्तरीय समिति मे बतकही हो रहल बा । लकडाउन आ समान्य आर्थिक जीवन के संघे ही ले जाएके हमनी के मजबूरी बा । एकरा बारे मे भी बात भईल बा कहले।

लकडाउन के बढ़वल समय भी कृषि उद्धयोग, ढुवानी, आयोजना निर्माण के काम के निरंतरता रही । बहूती आदमी यदि क्वारेंटाइन मे रहला से उ लोग के उतपदक समय बेकार जाई ओहि से क्वारेंटाइन मे रह के ही कवनों काम जोड़ सकल जाता की सोच के हमनी के बतकही कईले बानी उ बतवले ।

सारा नागरिक के रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता बढ़ावे के परल एकरा ऊपर भी बात भइल आ एकरा खातिर दवाईयुक्त जड़ीबूटी के बारे मे जनचेतना जगावे के योजना बा । कोरोना के जोखिम कब तक रही यकीन के साथ नईखे कहल जा सकत । लकडाउन मे रहला से दोसर शारीरिक समस्या ना होखों आ नेपाली लोग मे रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता कइसे बढ़ावल जा सकता क़हत सरकार के नीति आ कार्यक्रम आरोग्य के बात पर बहूती जोड़ देहले बा ।

सीवान पर रहल नेपाली नागरिकलोग के साथे क्वारेंटाइनके स्तर आ क्षमता के बारे मे समेत बतकही चलरहल बा क़हत उ समिति के दोसरका बईठक लकडाउन मोड़ालिटी के बारे मे निर्णय करी बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here