The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

लकडाउन जेठ ३२ तक, सेना परिचालन करे के मन्त्रीपरिषद के निर्णय

काठमाण्डू, १७ जेठ ।

सरकार कोरोना वायरस ( COVID-१९ ) के संक्रमण रोके खातिर लकडाउन जेठ ३२ गते त बढ़ावे के निर्णय कईले बा । यी लकडाउन के मोड़ालिटी मे फेरबदल हो सकता जानकारी करवले बा ।

शनिचर के बइठल मन्त्रीपरिषद के बइठक से लकडाउन के मोड़ालिटी के बारे मे covid-१९ सम्बन्धी उच्चस्तरीय समनव्य समिति के बतकही कर के मन्त्रीपरिषद के सिफारिस करे के निर्देशन देहले बा । बइठक के बाद सरकार के प्रवक्ता अर्थ आ संचारमन्त्री डा. युवराज खतिवड़ा कोरोना के जोखिम कम नईखे भइल क़हत जहा जवन क्षेत्र मे जोखिम बा ऊहा कड़ाई के साथ लकडाउन रही आ जहा जोखिम कम बा ऊहा तनि ढीला कईल जा सकता ।

साथ मे हवाई उड़ान आ अंतराष्ट्रीय सिवान के आवागमन आसार १६ तक अर्थात जून ३० तक बन्द करे के निर्णय कईले बा । यी समय मे आवाजाही मे पूर्ण कड़ाई कईल जाई । साथे ही दु देश बीच के सहमति मे आवाजाही कईला पर भी विश्व स्वस्थ्य संगठन के मापदण्ड के हिसाब से चेकजांच कर के ही होई सरकार के प्रवक्ता खतिवड़ा बतवले

सेना परिचालन के निर्णय :

मन्त्रीपरिषद के बइठक कोरोना संक्रमण फइलल जगह पर जरूरी परला पर सेना परिचालन करे के निर्णय भी कईले बा । मन्त्रीपरिषद बइठक से पहिले सुरक्षा परिषद के बइठक बइठल रहे, जहा सीवान सुरक्षा ऊपर बतकही भइल रहे । सीवान पर कड़ाई करे के शसस्त्र प्रहरी आ जनपद प्रहरी अउरी बहूती परिचालन करे के भी निर्णय भइल बा ।

प्रतिकृया
Loading...