लक्षित वर्ग के कार्जक्रम से उपलब्धि ना मिली – अध्यक्ष साह

107

प्रभु यादव । कलैया। असाढ १९

बारा के फेटा गांवपालीका मे लक्षित वर्ग के खातिर सचेतना कार्जक्रम से उपलब्धि ना होई गांवपालिका अध्यक्ष अमिरीलाल साह जनकारी करावले बानी ।

आर्थिक बरीस के अन्तिम हप्ता मे कार्जक्रम भईला से चाह जेतना लक्ष्य प्राप्ति ना होई साह जनकारी करावले बानी । ४० लाख के लक्षित वर्ग के कार्जक्रम चाह के भि रोके ना सके सकल जाई अध्यक्ष साह कहनी ।

सुब्बा सुशील यादव से जनकारी लेहला पर होरहल कार्जक्रम के अनुगमन खातिर समाजिक शाखा के कर्मचारी कुरान अलि, कार्यपालीका सदस्य विराजमन प्रसाद आ जवना वार्ड मे होरहल बा कार्जक्रम, उहाँ के जनप्रतिनिधि से कईल अनुगमन के प्रतिवेदन के अधार मे भुक्तानी कईल जाई जनकारी देहनी ।

आपना सब के संघ संस्था से आईल प्रस्तावन के मुतावीक भईल सम्झौता के अनुसार काम देख कुछ  भुक्कतानी करेके यादव जनकारी देहनी ।

प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत ओकिल पाल से जनकारी लेहला पर आपने दु दिन भईल हाजिर भईला कवनो बात ना बता सकत बानी जनकारी देहलन ।

कार्जक्रम के भुक्तानी नियमित प्रमुख रह के चलावत रहलन सुब्बा यादव के नाम से अार्थिक कारोबार करीहन उहवे के बात सक्त बानी अधिकृत पाल जनकारी देहनी । संघ संस्था सब सञ्चालन करहल कार्जक्रम मे हस्ताक्षर कईल गईल समय तकले कुछ कुछ बात सुनावल जारहल बा माकिर विषय पर बातचित ना कईल जारहल सहभागी लोग के सिकायत रहल बा। तालिम मे समाग्री सब पूरा प्रयोग ना कईल जारहल जनकार लोग बतावले बाडन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here