लड्की के छोट कपडा आ मोबाइल बलत्कार के कारण – करिमा बेगम  

359

 

२५ माघ, वीरगंज

सानो पाइला से आयोजित महिला हिँसा विरोध के अभियान मे पर्सा जिल्ला मे बाल विवाह आ दहेज के लेके आजु बहुत संघ-संस्था सबके प्रतिनिधि आ महिला अधिकारकर्मी लोगन के बीच “फोकस्ड ग्रुप डिस्कसन” भईल रहे। सँस्था के सचिव डाक्टर सुष्मा तिवारी के सभापतित्व मे समपन्न उ कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश-२ के प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम आ वीरगन्ज महानगरपालिका के प्रतिनिधि मुकेश गुप्ता अतिथि रहनी लोगन।

कार्यक्रम के सम्बोधन करत करिमा बेगम कहनी – “महिला ही महिला पर हिँसा करेला। लड्की छोट-छोट कपडा लगाके आ मोबाईल फोन से ही बिगरत बा लोग जेकरा कारण बलत्कार बढ्ता” । बलत्कार रोकेला लड्की के छोट कपडा लगावे पर आ मोबाइल चलावे पर रोक लगावे के जरुरी बा कहके करिमा बेगम जोड दिहनीं।

advertisement

1 टिप्पणी

  1. Up ma chhed chhad gareko suchana dine bittikai police le on the sport nai karbahi garchha hamro ma chahi samsad jasto mahila vayara chhota kapada lagauna ra mobile bokna rok lagaune kura garchhan, kanoon banayara aparadh kam garaunu ko satta mahila lai nai sajaya dinuparchha vanne kasto buddhi hola…..dhikkar chha yasta janapratinidhi lai.

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here