The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

लागूऔषध कारोबार मे सामील रहल आशंका मे इंस्पेक्टर पकडइले

काठमाण्डू, ११ आषाढ़ ।

लागू औषध कारोबार मे सामील रहल आशंका मे एक जने प्रहरी अधिकृत पकड़ाइल बाड़े । पकड़ाए मे प्रहरी निरीक्षक रुद्र शाही बाड़े । उ ललितपुर प्रहरी परिसर जाउलाखेल मे कार्यरत बाड़े ।

लागू औषध नियन्त्रण ब्यूरो के एगो अधिकृत उनका के नियन्त्रण मे लेहल गइल के पुष्टि कईले बाड़े । काल्ह पेप्सीकोला मे चलावल गइल प्रहरी द्वारा विशेष आपरेशन मे धरपकड़ मे पकड़ाइल ब्यक्ती उपर अनुसन्धान कईला पर यी बात पता चलल ।

प्रहरी द्वारा बुध के दिने चलावल गईल आपरेशन मे ६ सय बोतल से बहुति औषधिजन्य लागूऔषध कोरेक्स बरामद कईल गइल । ललितपुर प्रहरी प्रमुख एसएसपी टेक प्रसाद राई भी शाही के बिषय मे कुछ समझे के बा क़हत ब्यूरो के कहला पर उनका के भेजल गइल बा बतवले । अनलाइन खबर

प्रतिकृया
Loading...